[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur Encounter: पूर्व प्रधान के गोली मारे वाला बदमाश के पुलिस से मुठभेड़, गोड़ में लागल गोली

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर के भगत चौराहे के लगे पूर्व प्रधान आ हिस्ट्रीशीटर शशि मौली शुक्ला के गोली मारे में सामिल एगो बदमाश सनीचर के देर रात पुलिस मुठभेड़ में घायल हो गइल। बदमाशन के आवे के सूचना पs पुलिस बैरिकेडिंग करत रहे एह दौरान बाइक सवार बदमाश पुलिस टीम पs फायरिंग कइले सs। जवाबी कार्रवाई में आकाश के दहिना गोड़ में गोली लाग गइल जवना के जिला अस्पताल में भर्ती करावल गइल।

आकाश आजमगढ़ के रहनिहार हs। ओह पs एसएसपी ने 25 हजार के इनामो घोषित कइले रहस। एसपी सिटी कृष्ण कुमार विश्नोई बतवलें कि रामगढ़ताल क्षेत्र में अपराधियन के रोकथाम आ सघन चेकिंग अभियान चलावल गइल रहे। एही बीच दु लोग  मोटरसाइकिल पs सवार होके जात रहे लो, पुलिस बल द्वारा चेकिंग बैरियर पs दुनो के रोके के कोसिस कइल गइल।

एह पs वाहन सवार लोग पुलिस पार्टी पs फायर कs दिहल, जवाबी कार्रवाई में पुलिस फायरिंग के तs एगो अभियुक्त के दहिना गोड़ में गोली लाग गइल। ऊ मौके पs गिर गइल, जबकि दूसरका फरार हो गइल। घायल के इलाज खातिर अस्पताल ले जाइल गइल। पूछताछ में पता चलल कि घायल व्यक्ति के नाम आकाश हs। आकाश 29 मार्च के शशि मौली नाम के व्यक्ति के जान से मारे के नियत से पिस्टल से चार राउंड फायर कइले रहे, घायल के अस्पताल में नाजुक हालत बा।

पुलिस मुठभेड़ के दौरान अपराधी आकाश के संगे एगो साथियो मवजूद रहे, जवन मवका से फरार हो गइल। ओकर तलाश कइल जा रहल बा, जल्दिये ओकरो गिरफ्तारी कइल जाई। आरोपी के लगे से पिस्टल, खोखा आ एगो बाइक बरामद कइल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]