बिना हेलमेट भाग रहल जुवक के पुलिस मरलस गोली: जहानाबाद में 4KM तक पीछा कइलस, ओवरटेक कs के पीठ में गोली मरलस; हालत गंभीर

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 29, 2023

जहानाबाद में वाहन चेकिंग के दौरान थानेदार एगो जुवक (27) के गोली मार देलें। सुधीर के नालंदा के एगो प्राइवेट नर्सिंग होम में भर्ती करावल गइल बा। डॉक्टर लोग सुधीर के देह से गोली के

Share

जहानाबाद में वाहन चेकिंग के दौरान थानेदार एगो जुवक (27) के गोली मार देलें। सुधीर के नालंदा के एगो प्राइवेट नर्सिंग होम में भर्ती करावल गइल बा। डॉक्टर लोग सुधीर के देह से गोली के निकाल देले बा बाकिर इस्थिति अभियो चिंताजनक बा।

घायल जुवक के पिता ओकरी ओपी के थानेदार चंद्रहास कुमार पs गोली ममारे के आरोप लगवले बाड़ें। ओहिजा, पुलिस जांच में बात सामने आ रहल बा कि ASI मुमताज अहमद जुवक पs गोली चलवले बाड़ें।

पुलिस ASI मुमताज अहमद के हिरासत में ले लिहल गइल बा। ममिला के जांच पुलिस के वरिष्ठ अधिकारी कर रहल बा लो।

बता दें कि घायल युवक नालंदा जिले के कोरथु गांव के रविन्द्र यादव का बेटा सुधीर कुमार है।वह हिलसा के एसयू कॉलेज में बीए पार्ट टू का स्टूडेंट है। पिछले साल ही उसकी शादी हुई थी।

पिता थाना अध्यक्ष पs लगवले गोली मारे के आरोप

जुवक के पिता बतवलें कि ओकरी ओपी अध्यक्ष चंद्रहास कुमार अनंतपुर गांव के पास वाहनन के चेकिंग करत रहलें। एही बीच उनकर लईका सुधीर उहां से बाइक लेके गुजरत रहे। माथा पs हेलमेट आ ड्राइविंग लाइसेंस ना रहला के कारण ऊ पुलिस के देखते भागे लागल।

सुधीर के भागत देख पुलिस ओकर पीछा कइलस आ जब ऊ ना रुकल तs पुलिस गोली मार देलस। गोली जुवक के पीठ में लाग गइल, जवना से ऊ गंभीर रूप से घायल हो गइल।

घायल जुवक के पिता ओकरी ओपी के थानेदार चंद्रहास कुमार पs गोली मारे के आरोप लगवले बाड़ें।

SP देलें जांच के आदेस 

एह ममिला में जहानाबाद एसपी दीपक रंजन बतवलें कि घोसी सर्किल इंस्पेक्टर आ अनुमंडल पुलिस पदाधिकारी के घटनास्थल पs जाके ममिला के जांच करे के आदेस दिहल गइल बा। रिपोर्ट अइला के बाद ममिला के सच्चाई सामने आई, जवना के बाद आगे के कार्रवाई कइल जाई।

साभार: दैनिक भास्कर

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.