Kiren Rijiju: 18वीं लोकसभा के पहिला सत्र 24 आ राज्यसभा के कार्यवाही 27 जून से; 3 जुलाई तक सदन में होई ई काम

Share

18वीं लोकसभा के पहिला सत्र 24 जून से सुरू होई। एकरा अलावे 264वीं राज्यसभा के सत्र 27 जून से सुरू होई। एह दौरान नव निर्वाचित सदस्यन के शपथ ग्रहण, लोकसभा के अध्यक्ष के चुनाव, राष्ट्रपति के अभिभाषण आ ओह पs चरचा कइल जाई। दुनो सदनन के सत्र तीन जुलाई तक चली। केंद्रीय संसदीय कार्य मंत्री किरेन रिजिजू एकर जानकारी देलें।

राष्ट्रपति 27 जून के संयुक्त बैठक के संबोधित करिहें 

संसदीय कार्य मंत्री बुध के बतवलें कि 18वीं लोकसभा के पहिला सत्र 24 जून के सुरू होई, जेमे नवनिर्वाचित सदस्य शपथ लिही लो। सत्र के पहिला तीन दिन नवनिर्वाचित नेता लोगन के शपथ दिलावल जाई। एकरा संगही सदन के अध्यक्ष के चुनावो करावल जाई। सत्र के समापन तीन जुलाई के होई। राष्ट्रपति द्रौपदी मुर्मू 27 जून के लोकसभा आ राज्यसभा के संयुक्त बैठक के संबोधित करिहें आ अगिला पांच बरिसन खातिर नया सरकार के रोडमैप के रूपरेखा पेश करिहें।

रिजिजू एक्स पs का कहलें?

रिजिजू एक्स पs एगो पोस्ट में कहलें कि 18वीं लोकसभा के पहिला सत्र 24.6.24 से 3.7.24 तक नवनिर्वाचित सदस्यन के शपथ/प्रतिज्ञान, अध्यक्ष के चुनाव, राष्ट्रपति के अभिभाषण आ ओकरा पs चरचा खातिर बोलावल जा रहल बा। राज्यसभा के 264वां सत्र 27 जून के सुरू होई आ तीन जुलाई के समाप्त होई। 27 जून के राष्ट्रपति के अभिभाषण के बाद प्रधानमंत्री मोदी के ओर से संसद में अपना मंत्रिपरिषद के परिचय करावल जाये के उम्मीद बा।

विपक्ष रह सकता बा आक्रामक, पीएम मोदी दिहें जवाब

लोकसभा चुनाव में विपक्षी गठबंधन के सानदार प्रदर्शन के बाद उम्मीद बा कि राष्ट्रपति के अभिभाषण पs धन्यवाद प्रस्ताव पs बहस में इंडी गठबंधन आक्रामक रह सकत बा। ऊ एनडीए सरकार के अलग-अलग मुद्दन पर घेरे के कोसिस कs सकत बा। प्रधानमंत्री संसद के दुनो सदनन में राष्ट्रपति के अभिभाषण पs धन्यवाद प्रस्ताव पs बहस के जवाबो दिहें।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-