मशरक नगर पंचायत के पहिला बैठक गहमा गहमी के बीच प्रखंड सभागार मे संपन्न

Share

मशरक (सारण)/ धर्मेंद्र कुमार सिंह: मशरक नगर पंचायत चुनाव के बाद प्रखंड के सभागार मे मंगर के मुख्य पार्षद सोहन महतो के अध्यक्षता मे बैठक आयोजित कइल गइल। बैठक में नगर पंचायत के नवनिर्वाचित वार्ड पार्षद आ विधायक प्रतिनिधि बबन सिंह, एम एलसी प्रतिनिधि मजिस्टर सिंह सहित सभे सम्मानित सदस्य उपस्थित रहे लो। कार्यपालक पदाधिकारी बीरेंदर मोहन आ नाजीर रंधीर सिंह सहित चयनित 15 वार्ड पार्षद, उप मुख्य पार्षद नमिता कुमारी के मवजूदगी मे बैठक संपन्न भइल।

बैठक मे विशेष रूप से उप मुख्य पार्षद नमिता अमित सिंह द्वारा नगर पंचायत क्षेत्र मे विकास के लेकर चरचा कइल गइल। ओहिजा वार्ड पार्षद 10 के राजेश तिवारी कहलें कि वार्ड के सब सदस्यन के मवजूदगी मे 15 वीं वित्त आयोग आ शष्टम वित्त आयोग से आवंटित राशि से होखे वाला वाले कामन के सम्बन्ध मे चरचा कइल गइल, नगर पंचायत क्षेत्र के सरकारी भूमि के लेके जम के चरचा कइल गई। पंचायत क्षेत्र के सब वार्डन मे साफ सफाई के लेके गहनता से चरचा कइल गइल। नल जल, शौचालय निर्माण, जल जीवन हरियाली, छठ घाट, तालाब, पोखर कुंवा, शमाशान घाट, कब्रिस्तान के जीर्णोद्धार पs चरचा करत विकास के गति के आगे बढ़ावे पs विशेष बल दिहल गइल।

बैठक मे मवका पs अवधेश सिंह, बिकेश राम, सबिता देवी, गायत्री देवी, छाया देवी, सिकंदर कुमार, दुर्गावती देवी राजेश तिवारी, हरेंद्र यादव, दुर्गावती देवी, मोहम्मद नेमु दिन, मीणा देवी, आरती देवी मौजूद रहल *

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-