Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

वंदे भारत एक्सप्रेस के स्लीपर वर्जन के फर्स्ट लुक आईल सामने, इहाँ देखीं तस्वीर…..

वंदे भारत एक्सप्रेस के स्लीपर वर्जन के पहिला ट्रेन अगिला साल फरवरी के अंत तक पटरी पs उतरे के संभावना बा। रेल मंत्री अश्विनी वैष्णव चेन्नई में एगो कार्यक्रम में कहले रहले कि वंदे भारत एक्सप्रेस के स्लीपर वर्जन अगिला साल मार्च 2024 में लॉन्च होई।

362

 

देश के पहिला सेमी हाईस्पीड ट्रेन वंदे भारत एक्सप्रेस के स्लीपर वर्जन के फर्स्ट लुक के खुलासा भईल बा। सोशल मीडिया पs एकर तस्वीर तेजी से वायरल हो रहल बा। जानकारी के मुताबिक वंदे भारत एक्सप्रेस के स्लीपर वर्जन में 857 बर्थ होई। एहमें से 823 बर्थ यात्री खातिर आ 34 बर्थ कर्मचारी खातिर आरक्षित कइल जाई। हर कोच में मिनी पेंट्री भी होई। वंदे भारत एक्सप्रेस के स्लीपर कोच अच्छा लागत बा।

बता दीं कि वंदे भारत एक्सप्रेस के स्लीपर वर्जन के पहिला ट्रेन अगिला साल फरवरी के अंत तक पटरी पs उतरे के संभावना बा। रेल मंत्री अश्विनी वैष्णव चेन्नई में एगो कार्यक्रम में कहले रहले कि वंदे भारत एक्सप्रेस के स्लीपर वर्जन अगिला साल मार्च 2024 में लॉन्च होई। बता दीं कि एह घरी चेयर कार वंदे भारत एक्सप्रेस देश के 30 से अधिका रूट पs चल रहल बा।

चेन्नई के इंटीग्रल कोच फैक्ट्री (ICF) के महाप्रबंधक बीजी माल्या 16 सितंबर के कहले रहले कि ए वित्तीय साल के दौरान वंदे के स्लीपर वर्जन लॉन्च कईल जाई। संगही, वंदे मेट्रो के भी ए वित्तीय साल में शुरू कईल जा सकता। माल्या बतवले कि फिलहाल स्लीपर वंदे भारत ट्रेन के निर्माण हो रहल बा अवुरी एकरा के मार्च 2024 में लॉन्च कईल जाई। एकरा संगे वंदे मेट्रो के उत्पादन भी चल रहल बा। 12 गो कोच के ई ट्रेन जनवरी से छोट रूट पs चलावल जा सकेला।

 

माल्या कहले कि वंदे भारत के नॉन एसी ट्रेन वर्जन भी लॉन्च करे के योजना बा। इ नॉन एसी पुश-पुल ट्रेन होई, जवना के दुनो ओर 22 कोच अवुरी एक इंजन होई। स्लीपर वंदे भारत के निर्माण एगो कंसोर्टियम यानी दू गो कंपनी मिल के कर रहल बा। एहमें रेल विकास निगम लिमिटेड (RVNL) आ रूस के TMH ग्रुप शामिल बा। ई कंसोर्टियम 200 में से 120 स्लीपर वंदे भारत चलावे के सबले कम बोली लगवले रहुवे। बाकी 80 ट्रेन के आपूर्ति टीटागढ़ वैगन्स अवुरी BHEL के कंसोर्टियम से होई।

RVNL के जीएम (मैकेनिकल) आलोक कुमार मिश्र अगस्त में कहले रहले कि वंदे भारत स्लीपर ट्रेन के रफ्तार 160 किलोमीटर प्रति घंटा होई। एकरा में 16 गो कोच होखीहें जवना में 11 गो एसी3, चार गो एसी2 आ एगो एसी1 कोच शामिल बा। उ कहले कि कोच के संख्या बढ़ा के 20 चाहे 24 हो सकता।

 15 फरवरी 2019 के पहिला वंदे भारत ट्रेन शुरू भईल

हाल ही में प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी देश भर में अलग-अलग जगह पs 9 वंदे भारत एक्सप्रेस के झंडा देखवले। केरल के पहिला भगवा डिजाइन वंदे भारत एक्सप्रेस के भी झंडा देखावल गईल। ध्यान देवे वाला बात बा कि प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी 15 अगस्त 2018 के लाल किला से दिहल भाषण में 75 वंदे भारत एक्सप्रेस के शुरुआत के घोषणा कईले रहले। हालांकि पहिला वंदे भारत ट्रेन 15 फरवरी 2019 से चले लागल। अबे ले देश में 34 वंदे भारत एक्सप्रेस चल रहल बा। एह में नई दिल्ली-वाराणसी, नई दिल्ली-माता वैष्णो देवी कटरा, मुंबई सेंट्रल गांधी नगर समेत देश के अलग-अलग राज्य में वंदे भारत ट्रेन के सफलतापूर्वक संचालन हो रहल बा।

 

 

 

652350cookie-checkवंदे भारत एक्सप्रेस के स्लीपर वर्जन के फर्स्ट लुक आईल सामने, इहाँ देखीं तस्वीर…..

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.