[the_ad_group id="30365"]

यूपी में जमीन विवाद के लेके खूनी संघर्ष, देवरिया में 6 लोग के गोली मार के हत्या, कई लोग घायल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

देवरिया : उत्तर प्रदेश के देवरिया जिला में जमीन के विवाद के लेके पुरान दुश्मनी के चलते 6 लोग के हत्या हो गईल। हत्या के ए बड़ घटना के लेके पूरा इलाका में दहशत मचल बा। जानकारी के मुताबिक देवरिया जिला के रुद्रपुर के नजदीक फतेहपुर गांव में पुरान दुश्मनी के चलते 6 लोग के हत्या हो चुकल बा। घटना के लेके पूरा इलाका में दहशत मचल बा। इलाका में भारी पुलिस बल तैनात बा। पूरा गांव में चीख- पुकार मचल बा। एह घटना के लेके चारो ओर तरह तरह के चर्चा हो रहल बा।

सोमवार के सबेरे करीब 7:00 बजे के आसपास घटना के सूचना दिहल जाता। बतावल जात बा कि दुनु पक्ष के बीच विवाद सबेरे से शुरू हो गइल आ विवाद अतना बढ़ गइल कि ताबड़तोड़ से गोली चलल शुरू हो गइल। गोली लगला से कई लोग के मउत होखे के खबर बा। मउका पs पुलिस मौजूद बिया। घटना के बाद गांव में तनाव बढ़ गईल बा अवुरी अफरा तफरी के माहौल बन गईल बा।

साभार- इंडिया टीवी

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]