Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

यूपी में जमीन विवाद के लेके खूनी संघर्ष, देवरिया में 6 लोग के गोली मार के हत्या, कई लोग घायल

यूपी के देवरिया जिला में जमीन के विवाद में 6 लोग के गोली मार के हत्या क दिहल गईल बा, जबकि बहुत लोग घाही बाड़े। घटना के बाद पैदा भईल तनाव के देखत पुलिस बल के मउका पs तैनात कs दिहल गईल बा।

670

 

देवरिया : उत्तर प्रदेश के देवरिया जिला में जमीन के विवाद के लेके पुरान दुश्मनी के चलते 6 लोग के हत्या हो गईल। हत्या के ए बड़ घटना के लेके पूरा इलाका में दहशत मचल बा। जानकारी के मुताबिक देवरिया जिला के रुद्रपुर के नजदीक फतेहपुर गांव में पुरान दुश्मनी के चलते 6 लोग के हत्या हो चुकल बा। घटना के लेके पूरा इलाका में दहशत मचल बा। इलाका में भारी पुलिस बल तैनात बा। पूरा गांव में चीख- पुकार मचल बा। एह घटना के लेके चारो ओर तरह तरह के चर्चा हो रहल बा।

सोमवार के सबेरे करीब 7:00 बजे के आसपास घटना के सूचना दिहल जाता। बतावल जात बा कि दुनु पक्ष के बीच विवाद सबेरे से शुरू हो गइल आ विवाद अतना बढ़ गइल कि ताबड़तोड़ से गोली चलल शुरू हो गइल। गोली लगला से कई लोग के मउत होखे के खबर बा। मउका पs पुलिस मौजूद बिया। घटना के बाद गांव में तनाव बढ़ गईल बा अवुरी अफरा तफरी के माहौल बन गईल बा।

साभार- इंडिया टीवी

 

652420cookie-checkयूपी में जमीन विवाद के लेके खूनी संघर्ष, देवरिया में 6 लोग के गोली मार के हत्या, कई लोग घायल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.