बक्सर मॉल में लागल आग, लाखन के नुकसान

Share

 

बक्सर जिला के चरित्रवन में स्थित विशाल मेगा मार्ट मॉल में आग लगला के चलते अराजकता के माहौल बन गईल। पूरा इलाका धुँआ से भरल रहे। हालांकि स्थानीय लोग से सूचना मिलते फायर ब्रिगेड के तीन गाड़ी बिना कवनो समय बर्बाद कईले मौका पs पहुंचल अवुरी आग पs काबू पावे में कामयाब भईल।

बतावल जाता कि इs घटना मॉल बंद होखला के बाद भईल बा। जवना के चलते कवनो जानमाल के नुकसान ना भईल। मॉल में राखल लाखों रुपिया के सामान जरा के राख हो गईल बा। बतावल गईल कि मॉल में फायर फाइटिंग सिस्टम लगावल गईल रहे लेकिन काम ना भईल। अंदाजा लगावल जात रहे कि शार्ट सर्किट से आग लागल बा।

पास के होटल करावल गइल खाली

बता दीं कि मेगा मार्ट के ठीक पीछे एगो आकर्षक हेरिटेज होटल बा। दमकलकर्मी पूरा लगन से काम करत रहले कि होटल के आकर्षक धरोहर के आग से कवनो नुकसान ना होखे। एहतियात के तौर प होटल में ठहरल मेहमान के निकाल दिहल गईल।

 

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-