तमिलनाडु के एगो पटाखा फैक्ट्री में भइल धमाका, 5 महिला लो समेत 7 गो मजदूरन के भइल मउत

By Anurag Ranjan

Published on: May 9, 2024

    तमिलनाडु के शिवकाशी में पटाखा कारखाना में धमाका हो गइल बा. एs दुर्घटना में 5 महिला समेत 7 मजदूर के मउत हो गईल बा। तमिलनाडु पुलिस इs जानकारी देले बिया। पुलिस अवुरी दमकल

Share

 

 

तमिलनाडु के शिवकाशी में पटाखा कारखाना में धमाका हो गइल बा. एs दुर्घटना में 5 महिला समेत 7 मजदूर के मउत हो गईल बा। तमिलनाडु पुलिस इs जानकारी देले बिया। पुलिस अवुरी दमकल सेवा घाही के शिवकाशी के सरकारी अस्पताल ले गईल। एगो वरिष्ठ पुलिस अधिकारी बतवले कि घाही लोग में से एक आदमी के हालत बहुत गंभीर बा। अधिकारी आगे बतवले कि आग लागे के कारण के पता लगावल जाता।

उ बतवले कि विरुधुनगर जिला के शिवकाशी के नजदीक सेंगामालापट्टी स्थित एगो निजी पटाखा कारखाना में करीब 10 कर्मचारी काम करत रहले, जब विस्फोट भईल। रउरा सभे के जानकारी खातिर बता दीं कि देश में पटाखा के खपत के 90 प्रतिशत हिस्सा शिवकाशी अवुरी आसपास के इलाका में पटाखा इकाई से होखेला।

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.