G20: जी20 देसन के वित्त मंत्री लोग आ सेंट्रल बैंक के गवर्नर लोग के बैठक आज से, सीतारमण द्विपक्षीय बइठक कइली 

Share

केंद्रीय वित्त मंत्री निर्मला सीतारमण जी-20 बइठक से पहिले बियफे के अमेरिका आ जापान सहित आउर देसन के वित्त मंत्रियन के संगे द्विपक्षीय बइठक कइली। ऊ एह दौरान क्रिप्टो करेंसी के विनियमित करे खातिर वैश्विक ढांचा बनावे, वैश्विक ऋण जोखिमन से निपटला के उपायन आ बहुपक्षीय विकास बैंक के मजबूत बनावे जइसन मुद्दन पs चर्चा कइली। जी-20 देसन  के वित्त मंत्री आ सेंट्रल बैंक के गवर्नर लोग के बइठक बंगलूरू में 24 फरवरी से सुरू होगी। जी-20 विकसित आ विकासशील देसन के एगो समूह हs। सीतारमण एह दु दिवसीय बइठक में भाग लेवे खातिर इहां आइल बाड़ी।

ऊ अब तक अमेरिकी वित्त मंत्री जेनेट येलेन, जापान के वित्त मंत्री शुनिची सुजुकी आ इटली के वित्त मंत्री जियानकार्लो जियोरगेट्टी के संगे अलग-अलग द्विपक्षीय बैठक कइले बाड़ी। उनकर अइसन 10 से बेसी बइठक होखे वाला बा। वित्त मंत्री येलन के संगे अपना बैठक में क्रिप्टोकरेंसी के विनियमित करे आ बहुपक्षीय विकास बैंकन के मजबूत करे जइसन मुद्दन पs चरचा कइली।

वित्त मंत्रालय बइठक के बाद ट्वीट कइलस, दुनो नेता 2023 में जी-20 के भारत के अध्यक्षता के तहत वित्तीय प्राथमिकतान पs विचार विमर्श कइल लो। ऊ लोग बहुपक्षीय विकास बैंकन के मजबूत करे, वैश्विक ऋण के कमजोरियन, क्रिप्टोसंपत्तियन के विनियमित करे आ स्वास्थ के मजबूत करे के अलावे ‘जस्ट एनर्जी ट्रांजिशन पार्टनरशिप’ (जेईटीपी) पs चरचा कइल लोग।

एगो आउर ट्वीट में वित्त मंत्रालय कहलस कि सीतारमण अपना जापानी समकक्ष के संगे ‘जी-20 वित्त ट्रैक 2023’ के तहत प्राथमिकतन पs चरचा कइली। वित्त मंत्रालय कहलस कि इटली के वित्त मंत्री द्वारा बइठक के दौरान 2023 में भारत के सफल अध्यक्षता खातिर आपन पूरा समर्थन देवे के बात कहल गइल।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-