- बिहार: बिहार के मंत्री बोललें- अग्निवीर हिजड़न के फौज: सुरेंद्र यादव कहलें- अग्निविर योजना ले आवे वालन के फांसी पs चढ़ा दिहल जाव, के करी रिटायर्ड अग्निवीर से बियाह।
- बिहार: पटना में BTSC कैंडिडेट्स पs लाठीचार्ज; 4 साल से पेंडिंग बा रिजल्ट, BJP ऑफिस के घेराव करे जात रहे लोग।
- उत्तर प्रदेश: नेहा राठौर बोलली- UP पुलिस अपराधियन जइसन ट्रीट कइलस; संविधान के संगे फेसबुक पs लाइव अइली, गाके सुनवली आपन मौलिक अधिकार।
- उत्तर प्रदेश: यूपी में कानून बेवस्था के आउर बेहतर करे खातिर खर्च होई 37165.99 करोड़, पुलिस भवनन के निर्माण पs रही विशेष जोर।
- झारखंड: झारखंड HC ED से पूछलस… केतना साइबर क्रिमिनल्स गिरफ्तार भइलें; देवघर, जामताड़ा, साहिबगंज साइबर क्राइम पs सुनवाई; TRAI के बनवलस प्रतिवादी।
- पवन खेड़ा के सुप्रीम कोर्ट से अंतरिम जमानत: PM पs कमेंट के खिलाफ बिहान असम में केस, आज दिल्ली में विमान से उतारके गिरफ्तारी भइल।
- म्यामार बॉर्डर पs पुलिस नगा विद्रोहियन के कैंप उड़वलस: AK-47, M16 समेत कइयन हथियार बरामद, 6 साल पहिले सेना कइले रहे सर्जिकल स्ट्राइक।
- विश्वभारती यूनिवर्सिटी में देखावल जाई BBC के डॉक्यूमेंट्री: जहां टेलीकास्ट होई ओकरा से कुछ दूर पs रक्षामंत्री देखिहें टैगोर पदावली, BJP बोलल – ई राजनाथ के अपमान।
- काशी विश्वनाथ में बाबा के आरती भइल महंगा: 1 मार्च से भक्तन के मंगला आरती के 500 रुपिया देवे के होई; श्रद्धालुअन के भीड़ के वजह बतावल गइल।
- दिल्ली के कप्तानी करिहें वार्नर, मारकर्म के हैदराबाद के कमान: DC के उपकप्तान बन सकत बाड़े अक्षर पटेल; 31 मार्च से सुरू होई नया सीजन।
सांझ के 10 बड़ खबर
Published on: Feb 23, 2023
बिहार: बिहार के मंत्री बोललें- अग्निवीर हिजड़न के फौज: सुरेंद्र यादव कहलें- अग्निविर योजना ले आवे वालन के फांसी पs चढ़ा दिहल जाव, के करी रिटायर्ड अग्निवीर से बियाह। बिहार: पटना में BTSC कैंडिडेट्स पs
Share
Tags:
Bhojpuri News, big breaking, big news, Big Update, bihar news, Bihar-UP News, Evening Bulletin, evening news, evening updates, jharkhand news, top 10 news, top news, up news, साँझ के 10 गो बड़ खबर, साँझ के 10 बड़ खबर, साँझ के बड़ खबर
Share this article






