Noida Film City: सात जोन में बनी फिल्म सिटी, फिल्म खातिर तइयार होई सेट; इहाँ जानी एह खबर के पूरा ABCD

Share

बेव्यू प्रोजेक्ट्स कंपनी फिल्म सिटी के शुरुआत खातिर रूपरेखा तइयार कइले बा।फिल्म सिटी के सात जोन में बांट के विकसित कइल जाई। कामर्शियल आ फिल्म निर्माण क्षेत्र फिल्म सिटी के कुल क्षेत्रफल के 56 प्रतिशत होई। बाकिर ए से जुड़ल आउर चीज होई।

230 एकड़ में बनी फिल्म सिटी 

लोकसभा चुनाव के आचार संहिता लागू होखे से पहिले फिल्म सिटी के विकासकरता के साथ यमुना प्राधिकरण के संबंध से जुड़ल परकिरिया पूरा हो जाई। यमुना प्राधिकरण के सेक्टर 21 में 230 एकड़ में फिल्म सिटी के विकास खातिर मंगर के दिने वित्तीय टेंडर खोलल गइल रहे। बेव्यू प्रोजेक्ट्स राजस्व में 18 प्रतिशत के हिस्सेदारी के बोली लगाके फिल्म सिटी परियोजना के टेंडर जीत लेलस।

वित्तीय टेंडर खुले से पहिले औद्योगिक विकास आयुक्त मनोज कुमार सिंह के अध्यक्षता में गठित समिति के सोझा चार गो कंपनी फिल्म सिटी परियोजना खातिर प्रस्तुतिकरण देले रही सन बेव्यू प्रोजेक्ट्स कंपनी 230 एकड़ के फिल्म सिटी के सात जोन में विकसित करी। एमे जोन एक प्रशासनिक आ क्रिएटिव हब खातिर होई।

एकर पूरा जमीन दस एकड़ होई। एमे टेक्नोलाजी सेंटर, एजुकेशन सेंटर, स्टूडियो हेड आफिस, मार्केटिंग, ईको सिनेमा सेंटर, प्रोडक्शन हाउस आफिस, फिल्म इक्यूपमेंट माल आउर ढेर कुछ होई। जोन 2 , 60 एकड़ के होई । ई पूरा तरह से निर्माण के केंद्र होई । ओपन स्ट्रक्चर स्टूडियो, साउंड स्टेज, आउटडोर सेट, पोस्ट प्रोडक्शन हाउस, वर्कशाप, फिल्म एकेडमी लाइब्रेरी सब होई।

बीस एकड़ में बनी फिल्म यूनिवर्सिटी 

जोन 3 आवासीय क्षेत्र होई। ई 20 एकड़ में होई। एमे गेस्ट हाउस, होटल, हेल्थ सेंटर आउर सब होई। जोन 4 फैक्ट्रीज एवं क्राफ्टमैनशिप खातिर 15 एकड़ में बनि। एमे सेट, कास्ट्यूम, प्रापर्टी आउर सब होई। जोन 5 मनोरंजन केंद्र बनीं। ई 35 एकड़ में बनावल जाई। जोन 6 में बीस एकड़ में फिल्म यूनिवर्सिटी होई। जोन 7 कामर्शियल गतिविधि के केंद्र होई।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-