पेट में ठंडा लागsला से होजाला हालत खराब , तुरंते आज़माइ इs आयुर्वेदिक उपाय; मीली राहत

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 5, 2024

पेट में ठंडा लाग जाए के दिक्कत के हलुका में जन लीहीं। एकरा से आराम पाए खातीर तुरंते इs नुस्खा आज़माइ। काहे की एकरा वजह से राहर पाचन तंत्र पs बुरा असर पड़ सकत बा।

Share

पेट में ठंडा लाग जाए के दिक्कत के हलुका में जन लीहीं। एकरा से आराम पाए खातीर तुरंते इs नुस्खा आज़माइ। काहे की एकरा वजह से राहर पाचन तंत्र पs बुरा असर पड़ सकत बा।

जाड़ा के मौसम में ठंडा से बचे लागी हमनी कय उपाय अपनावे नी सs । स्वेटर के कय लेयर्स पहिनलो के बादो रउवा के सर्दी जुकाम हो जात बा। जउन आम बात बा, बाकी सरदी के वजह से रउवा के डायरिया, दस्त आ फिर कय हो रहल बा तs संभल जाइ, काहे की इs पेट में ठंडा लागे के कारण हो सकत बा। पेट में ठंडा लाग जाए के समस्या के हल्का में ना ली। एकरा के तुरंत ठीक करी काहे की एकरा वजह से राउर पाचन तंत्र पs खराब असर पड़ सकत बा।

पेट में लागल ठंडा से निजात पाए के उपाय

सौंफ, जीरा, अजवाइन आ मेथी बा कारगर: सौंफ, अजवाइन आ मेथी के काढ़ा बना लिही। एकर भर दिन सेवन करी। एकरा से पेट में लागल ठंडा के राहत मिलेला।

जीरा संग हर एगो चीज में अइसन एंटीऑक्सीडेंट, एंटीवायरस, एंटीसेप्टिक के साथे अइसन पोषक तत्व पाइल जाला जवन राउर शरीर के तापमान के नॉर्मल करेला।

आदि आ मधु के पानी: आदि आ मधु के पानी के इस्तेमाल कs सकत बानी। एकरा ला एगो कढ़ाई में पानी खउला ली। ओह में केसर, डाल के उबाल ली। एकरा बाद एह के एगो कप में निकाल के स्वाद हिसाब से मधु मिला ली। दिन में तीन-चार बार लिही। एहसे बॉडी टेम्परेचर नॉर्मल हो जाई। वजन घटावे में असरदार बा इs आयुर्वेदिक ड्रिंक, खाली इs तीन चीजन से मिलाके बना ली इs ड्रिंक।

तुलसी, आदि काढ़ा: तुलसी, आदि, काली मरिच , लौंग, हल्दी खउला के ओह में तनी सा केसर, शिलाजीत फेट तुरंत पिला दीही। एकरा से तुरंते पियला से देह के तापमान नॉर्मल हो जाला।

(इs आर्टिकल सामान्य जानकारी खातीर बा, कवनो भी उपाय के अपनावे से पहिले डॉक्टर के परामर्श जरूर से लिही)

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.