फिल्म अभिनेत्री अमीषा पटेल रांची कोर्ट में आत्मसमर्पण, चेक बाउंस केस में वारंट जारी

Share

 

 

रांची : चेक बाउंस के मामला में बॉलीवुड अभिनेत्री अमीषा पटेल शनिवार के रांची सिविल कोर्ट में आत्मसमर्पण क देली। जवना के बाद कोर्ट उनुका के फेर से 21 जून के अदालत में शारीरिक रूप से पेश होखे के निर्देश देलस। कोर्ट अमीषा पटेल के खिलाफ 6 अप्रैल 2023 अवुरी 20 अप्रैल 2023 के वारंट जारी कईले रहे। जवना के बाद आज 17 जून के अमीषा पटेल कोर्ट में आत्मसमर्पण के बाद जमानत लेले बाड़ी। महत्व के बात ई बा कि ई मामिला साल 2018 के बा। हरमू हाउसिंग कॉलोनी में एगो इवेंट के दौरान अजय कुमार सिंह अमीषा पटेल से मिलले अवुरी फिल्म में निवेश करे के ऑफर मिलल।

आरोप के मुताबिक उ फिल्म देसी मैजिक बनावे के नाम पs अमीशा पटेल के खाता में 2.5 करोड़ रुपया ट्रांसफर क देले। अजय कुमार सिंह लवली वर्ल्ड एंटरटेनमेंट के मालिक हउवें। फिल्म ना बनवला आ पइसा वापस ना मिलला का बाद अजय कुमार सिंह निचला अदालत में शिकायत दर्ज करवले। एहमें कहल गइल बा कि अमीषा पटेल ओकरा के धोखा दिहले बाड़ी। फिल्म ना बनावे के चलते अमीषा पटेल से पईसा के मांग कईले। एकरा बाद अभिनेत्री उनुका के चेक दे दिहली, जवन बाउंस हो गईल। एकरा बाद कोर्ट में 4724/2018 के शिकायत दर्ज करावल गईल।

 

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-