[the_ad_group id="30365"]

छपरा-आनंद विहार स्पेशल वाया गोरखपुर चलावल जाई: छपरा कचहरी से 18 जून आ आनंद विहार से 19 जून खातिर ट्रेन के शेड्यूल जारी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर से दिल्ली जाये वाला यात्रियन खातिर राहत भरल खबर बा। रेलवे के ओर से छपरा कचहरी-आनन्द विहार टर्मिनस वाया गोरखपुर स्पेशल ट्रेन चलावल जाई। NE रेलवे के CPRO पंकज कुमार सिंह बतवलें, ट्रेन नंबर 05101 छपरा कचहरी-आनन्द विहार टर्मिनस स्पेशल छपरा से 18 जून दिन अतवार के चलावल जाई। जबकि, ट्रेन नंबर 05102 आनन्द विहार टर्मिनस-छपरा कचहरी स्पेशल आनंद विहार से 19 जून दिन सोमार के चलावल जाई। एह ट्रेन में कुल 16 गो कोच लागी।

छपरा से समय

एह ट्रेन के टाइमिंग छपरा कचहरी से 8.00 बजे प्रस्थान कs  केमढ़ौरा से 08.30 बजे, मशरख से 08.52, दिघवा दुबौली से 09.25 बजे, सिधवलिया से 09.42 बजे, थावे से 11.10 बजे, तमकुही रोड से 11.44 बजे, पड़रौना से 12.20 बजे, कप्तानगंज से 13.07 बजे, गोरखपुर से 14.40 बजे, खलीलाबाद से 15.20 बजे, बस्ती से 15.50 बजे, गोण्डा से 17.15 बजे, बुढ़वल से 18.20 बजे, सीतापुर जं० से 20.20 बजे, दूसरका दिन बरेली से 00.02 बजे, मुरादाबाद से 01.48 बजे आ गाजियाबाद से 04.25 बजे छूटके आनन्द विहार टर्मिनस 05.00 बजे पहुंची।

आनंद विहार से समय

जबकि, आनंद विहार से एह ट्रेन के टाइमिंग सबेरे 07.00 बजे प्रस्थान कs के गाजियाबाद से 07.32 बजे, मुरादाबाद से 10.48 बजे, बरेली से 12.30 बजे, सीतापुर जं० से 16.15 बजे, बुढ़वल से 18.20 बजे, गोण्डा से 19.30 बजे, बस्ती से 20.45 बजे, खलीलाबाद से 21.12 बजे, गोरखपुर से 22.30 बजे, कप्तानगंज से 23.28 बजे, दूसरका दिन पड़रौना से 00.14 बजे, तमकुही रोड से 00.52 बजे, थावे से 01.55 बजे, सिधवलिया से 02.55 बजे, दिघवा दुबौली से 03.12 बजे, मशरख से 03.45 बजे आ मढ़ौरा से 04.07 बजे छूटके छपरा कचहरी 04.40 बजे पहुंची।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]