Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

आजमगढ़ में तइयार कइल जात रहे नकली खोया, दिवाली पऽ खपावे के तइयारी

49

उत्तर प्रदेश के आजमगढ़ में एगो नकली खोया फैक्ट्री के पर्दाफाश भइल बा। देर रात आजमगढ़ पुलिस नकली खोया के एगो बड़ कारखाना के भंडाफोड़ कऽ देलस जवन आजमगढ़ अउरी आसपास के इलाका के लोग के आवे वाला दिवाली त्योहार पऽ जहरीला मिठाई खियावे खाती तइयार होखत रहे। शहर कोतवाली इलाका के ऐनिया में चलत एह कारखाना पऽ एसपी सिटी शैलेन्द्र लाल, एसडीएम सदर सुनील कुमार धनवंता, सीओ सिटी गौरव शर्मा समेत आ अधिकारी समेत पुलिस बल अचानक हमला कऽ दिहलस। फैक्ट्री में काम करे वाला दर्जन भर से अधिका लोग के हिरासत में लिहल गइल।

एसपी जानकारी देले

एहमामला में एसपी सिटी शैलेन्द्र लाल कहले कि प्रारंभिक जांच के दौरान आजमगढ़ शहर के बहुत जगह पऽ ए लोग के आपूर्ति के बारे में जानकारी मिलल हालांकि एकर पुष्टि होई। जहां नकली खोया के सप्लाई भइल बा ओहिजा छापामारी कइल जाई। उऽ बतवले कि पुलिस के सूचना मिल गइल बा। एकरा पऽ कार्रवाई कइल गइल।

एसपी सिटी के कहनाम बा कि हमनी के इहाँ बड़ पैमाना पऽ नकली खोया तइयार होखे के जानकारी मिलल। पुलिस सही मौका के इंतजार करत रहे आ जइसही सभ तैयारी भइल, पुलिस इहाँ कार्रवाई कऽ देलस। फिलहाल हिरासत में लिहल लोग आ एकरा से जुड़ल अउरी लोग के बारे में जानकारी एकट्ठा कइल जाता।

996740cookie-checkआजमगढ़ में तइयार कइल जात रहे नकली खोया, दिवाली पऽ खपावे के तइयारी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.