[the_ad_group id="30365"]

सारण पुलिस के रिश्वत देला के बादो महिला के ना मिलल इंसाफ, इच्छा मृत्यु के मांग

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सारण में पुलिस से न्याय ना मिलला से परेशान एगो महिला इच्छा मृत्यु के मांग कइले बिया। असल में पूरा मामला सारण जिला के रिविलगंज थाना से जुड़ल बा। जहां एगो महिला इच्छा मृत्यु के मांग कइले बिया, आरोप लगावत कि ओकरा दस हजार रुपया के घूस देके न्याय ना मिलल। रिविलगंज थाना क्षेत्र के रामबाबू सिंह के बेटी अर्निका देवी उर्फ ज्योति साल 2022 में रिविलगंज थाना में अपना ससुराल के खिलाफ दहेज उत्पीड़न अउरी भ्रूण गर्भपात के मामला दर्ज करवले रहली। जवना में महिला अपना पति, ससुर-सास, भसुर-जेठानी आ ननद-नन्दोई के नाजमद अभियुक्त बनवले रहे।

रिविलगंज थाना में 422/22 दर्ज करावल गइल। पुलिस उपनिरीक्षक अजीत कुमार के एह घटना के जांचकर्ता बनावल गइल। सदर एसडीपीओ के जांच में इ मामला सही बतावल गइल। बाकिर महिला के आरोप के मुताबिक एह मामला में अबहीं तक कवनो आरोपी के गिरफ्तार नइखे भईल। संगही, महिला आरोपी के सुरक्षा खातिर भारी मात्रा में पइसा लेवे के आरोप लगवलस। सदर अनुमंडल पुलिस अधिकारी के आदेश के पालन ना भइल। आज तक आरोपी के गिरफ्तारी नइखे भईल।

डीआईजी से परमिशन लेवे के नांव पऽ लेलस 10 हजार रूपिया

पीड़ित महिला अर्निका देवी आरोप लगवले बाड़ी कि, दोसरा राज्य में जाए के डीआईजी के अनुमति लेवे के नांव पऽ 10 हजार रूपिया मामला के जांचकर्ता ले गइले। एकरा बावजूद आज तक कवनो कार्रवाई नइखे भइल। एकरा से परेशान महिला एगो चिट्ठी लिख के इच्छा मृत्यु के मांग कइले बिया। महिला सारण एसपी के चिट्ठी लिखले बिया। एकर प्रति मुख्यमंत्री, डीजीपी, डीआईजी, महिला आयोग, कोर्ट अउरी रिविलगंज थाना प्रमुख के भी दिहल गइल बा।

महिला आवेदन में लिखले बिया कि साल 2021 में हिन्दू रीति रिवाज के मुताबिक दुर्गेश कुमार सिंह उर्फ तुलसी से हमार बियाह भइल बा, बाकिर ससुराल के लोग के दहेज के मांग पूरा ना होखे के चलते उऽ लोग हमरा के तरह तरह से प्रताड़ित कइले आ खाना – पिना बंद कऽ देत रहलें, नौकरानी नियन व्यवहार कइले आ हत्या के इरादा से मिट्टी के तेल डाल के हमरा के जारे के कोशिश कइले आ जबरन हमरा भ्रूण के जांच कऽ के गर्भपात करा देले आ इलाज के बहाने हमरा के माई के घर के नजदीक ले आके छोड़ के भाग गइले।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]