गोरखपुर में ब्रांडेड कंपनी के नकली सामान बेचल जात रहे : लेस्टस रॉक शोरूम में पुलिस के छापा; नकली जूता, टीशर्ट अउरी लोअर बरामद भईल

Minee Upadhyay

गोरखपुर में ब्रांडेड कंपनी के नकली सामान बेचल जात रहे : लेस्टस रॉक शोरूम में पुलिस के छापा; नकली जूता, टीशर्ट अउरी लोअर बरामद भईल

गोरखपुर में शाहपुर इलाका के बशारतपुर में स्थित लेस्टस रॉक शोरूम में ब्रांडेड कंपनी के नकली सामान बेचल जात रहे। बुधवार के सांझ के शोरूम पे पुलिस छापामारी कईलस। इहाँ मशहूर कंपनी के भारी संख्या में नकली जूता, टीशर्ट अउरी लोअर बरामद भईल बा। कंपनी के शिकायत पे पुलिस इ कार्रवाई कईले बिया। गुरुवार के पुलिस दोकानदार अउरी कर्मचारी के खिलाफ नकल, कॉपीराइट अउरी ट्रेडमार्क के धारा में मामला दर्ज क के नकली सामान जब्त क लेलस।

 

6 महीना से शिकायत मिलत रहे

पुलिस के मुताबिक नई दिल्ली लाजपत नगर साउथ निवासी प्रभात कुमार गुप्ता एगो कंपनी में कानूनी सहायक के काम करेले। एडिडास, लेविस अउरी नाइके के अधिकृत प्रतिनिधि भी बाड़े। प्रभात बतवले कि, कंपनी के गोरखपुर में 6 महीना से नकली जूता, टीशर्ट अउरी लोवर बेचे के शिकायत मिलत रहे।

 

5 सदस्य टीम गोरखपुर पहुंचल

कंपनी के निर्देश पे मंगलवार के प्रभात समेत 5 सदस्यीय टीम गोरखपुर पहुंचल। एकरा बाद टीम एसपी सिटी कृष्ण कुमार विष्णोई से मिल के एकर शिकायत कईलस। बुधवार के सांझ एसपी सिटी के निर्देश पे शाहपुर पुलिस के कंपनी के लोग के संगे मेडिकल रोड स्थित बशारतपुर के लेस्टस रॉक शोरूम पहुंचल।

 पुलिस कंपनी के लोग के संगे छापामारी कईलस

उहाँ पुलिस के भारी मात्रा में ब्रांडेड कंपनी के नकली जूता, टीशर्ट अउरी लोअर मिलल। पुलिस बशारतपुर निवासी दोकान मालिक अभिनत सिंह, गोरखनाथ के मिर्जापुर पचपेडवा निवासी अंशु राय अउरी रामनगर कालोनी निवासी मनीष राय के खिलाफ मामला दर्ज कईले बिया।

साभार- दैनिक भास्कर

Share This Article
Content Creator
Follow:
भोजपुरी पत्रकारिता में 2 साल से काम कइला के अनुभव। भोजपुरी में समाचार लिखे के गहिराह जानकारी के संगे फिलिम, मनोरंजन, स्पेशल स्टोरी आदि सेगमेंट्स के खबरन के पढ़े खातिर हमरा संगे बनल रही खबर भोजपुरी पs।