[the_ad_group id="30365"]

यूपी के 6 जिलन के ई 18 प्राचीन आ ऐतिहासिक स्थल संरक्षित घोषित, अधिसूचना जारी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

यूपी के 6 जिलन के ई 18 प्राचीन आ ऐतिहासिक स्थल संरक्षित घोषित, अधिसूचना जारी

उत्तर प्रदेश के योगी सरकार 18 गो प्राचीन आ ऐतिहासिक स्थल के संरक्षित घोषित कइले बिया. ई स्थल 6 जिलन मे स्थित बा|

राज्य सरकार 18 गो प्राचीन आ ऐतिहासिक स्थल के संरक्षित घोषित कइले बिया| ई स्थल राज्य के छह जिला में बा। राज्य सरकार के ओर से ए सभ स्थल के प्राचीन स्मारक संरक्षण अधिनियम, 1904 के धारा-3 के तहत संरक्षितघोषित करे के अधिसूचना जारी कईल गईल बा।

 

इ जानकारी देत ​​राज्य के पर्यटन आ संस्कृति मंत्री जयवीर सिंह कहले कि 18 गो स्मारक आ स्थल के संरक्षित घोषित करे के अंतिम अधिसूचना राज्य पुरातत्व विभाग के निदेशक जारी क देले बाड़े। एह में जिला जनपद झांसी स्थित शिवालय, प्राचीन कोल्हू कुश मड़िया, चम्पतराय का महल, उत्तर मध्य कालीन किला बंजारों का मंदिर, बेर, पिसनारी दायी मड, पठामढ़ी, टहरौली के किला, दिगारा गढ़ी तथा राम जानकी मंदिर के संरक्षित घोषित कइल गइल बा।

 

एही तरे संतकबीरनगर जिला के कोट टीला, प्रयागराज स्थित लेख रानी के तालाब, इष्टिका निर्मित प्राचीन विष्णु मंदिर, गंगोला शिवाला, जनपद महोबा स्थित शिव तांडव, खंकरा मठ, जनपद फर्रूखाबाद पस्थित प्राचीन शिवमंदिर तथा इटावा में स्थित शिव मंदिर (टिक्सी टेम्पल) के संरक्षित घोषित क दिहल गइल बा|

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]