Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Facebook: फेसबुक जारी कइलस कमाल के फीचर, अब वीडियो एडिट आ अपलोड कइल होई आसान

1,173

मेटा के स्वामित्व वाला सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म फेसबुक (Facebook) यूजर्स के सुविधा खातिर वीडियो फीचर्स में कइयन अपग्रेड करे के घोषणा कs देले बा। कंपनी एगो नया वीडियो टैब जोड़ले बा। एह टैब के मदद से वीडियो के एडिट कइल आ अपलोड कइल आसान हो जाई। संगही कंपनी रिफाइंड एडिटिंग टूल्स, एचडीआर में वीडियो अपलोड करे के क्षमता आ पुरान वॉच टैब के स्थान पs वीडियो टैब जइसन कइयन सुविधन के जोड़ल गइल बा।

वीडियो एडिट कइल होई आसान

नया एडिटिंग टूल के मदद से यूजर्स के अपना वीडियो में म्यूजिक, फिल्टर आ आउर इफेक्ट जोड़े में आसानी होई। यूजर्स अपना वीडियो के ट्रिम आ कट करे के संगे टाइटल आ कैप्शनो एड कs सकेम। संगही यूजर्स एचडीआर में वीडियो अपलोड कs सकी लो, जवना से जादे सानदार कलर आ क्वालिटी वाली वीडियो के अपलोड कइल जा सकी।

ई नया सुविधा मिलिहे सs

नया वीडियो टैब यूजर्स खातिर फेसबुक पs वीडियो ढूंढल आ देखल आसान बना दी। कंपनी पुरान वॉच टैब के एकरा साथे बदल देलस आ कहलस कि ई जल्दिये शॉर्टकट बार पs देखाई दी। मेटा एकरा के “फेसबुक पs रील्स, लमहर वीडियो आ लाइव कंटेंट सहित सब वीडियो खातिर वन-स्टॉप शॉप” कहत बा। मेटा के मोताबिक, “वीडियो” ऑप्शन एंड्रॉयड एप के टॉप पs और आईओएस वर्जन के नीचे होई।

रील्स बनावल होई आसान

यूजर्स के लगे एगो अलग रील्स सेक्शन के संगे वीडियो के पर्सनलाइज फीड से वर्टिकली ब्राउज करे के सुविधो मिली। कंपनी कहलस कि ऊ फेसबुक फीड पs रील्स एडिटिंग टूल ले  आ रहल बिया, जवना के मतलब बा कि एप से अपलोड करत घरी यूजर्स सीधे अपना वीडियो में ऑडियो, टेक्स्ट आ म्यूजिक एड कs सकी लो।

मेटा नया एडिटिंग ऑप्शनो जोड़ रहल बा, जइसे कवनो क्लिप के स्पीड के बदलल, ओकरा के रिवर्स करे भा ओकरा के रिप्लेस करे के सुविधा मिली। कंपनी के कहनाम बा कि ऊ ऑडियो ट्रैक चुनल, न्वाइज कम कइल आ ऑडियो खातिर वीडियो पs वॉयस ओवर रिकॉर्ड कइला जइसन चीजन के आसान बनावे खातिर काम कs रहल बा। ओहिजा, मेटा एचडीआर क्वालिटी में वीडियो अपलोड करे के सुविधो देवे वाला बा। माने यूजर्स सीधे फोन से हाई क्वालिटी वीडियो अपलोड कs सकी लो।

बता दीं कि मेटा लगातार अपना फेसबुक आ इंस्टाग्राम प्लेटफॉर्म पs रील्स आ वीडियो कंटेंट फॉरमेट के बढ़ावे पs काम कर रहल बा। एही साल मार्च में मेटा फेसबुक खातिर रील्स लिमिट के 60 सेकंड से बढ़ाके 90 सेकंड कइले बा।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.