Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

अब यूजर्स के मिली पर्सनल रिस्पॉन्स, ChatGPT पेश कइलस नया अपडेट, एह यूजर्स के मिली बेहतर कंट्रोल

एआई चैटबॉट्स में कंटिन्यूअस मेमोरी ना होला जवना के मतलब बा कि हर कॉन्वर्सेशन के अंत में सब कुछ रीसेट हो जाला। हालांकि OpenAI के ChatGPT प्लेटफॉर्म एकरा के बदल रहल बा काहेकि बॉट अब ई इयाद रखी कि रउआ के हई। Ai एकरा खातिर कस्टम इंस्ट्रक्शन फीचर ले आ रहल बा आ ई रउआ यूनिक पैरामीटर सेट करे के अनुमति देला जवन चैट से चैट तक बनल रहेला।

728

अपना लॉन्च के बादे से ChatGPT लोगन के बीच बहुते चरचा में रहल बा। ई समय के संगे-संगे अपना यूजर्स खातिर कइयन बदलाव कइले बा। एही सिलसिला के जारी रखत कंपनी एमे नया अपडेट जोड़ल जाला।

ChatGPT यूजर के संकेतन के मोताबिक उत्तरन में बदलाव कs सकत बा बाकिर ई बेहतर होई जदि प्रतिक्रियन के यूजर्स के जरूरतन के अनुसार पहिलही से संशोधित कइल गइल होखे।  OpenAI द्वारा AI-संचालित चैटबॉट ChatGPT खातिर कस्टम इंस्ट्रक्शन पेश कs के बिल्कुल ओइसने कs रहल बा।

कस्टम इंस्ट्रक्शन फीचर

कंपनी कस्टम इंस्ट्रक्शन जारी कs रहल बा, जवन यूजर्स के ChatGPT कइसे प्रतिक्रिया देला एह पs बेसी कंट्रोल दी। यूजर कुछ प्राथमिकतन के निर्धारित कs सकत बा लो, आ ChatGPT ओकरा के भविष्य के सब बातचीत खातिर धेयान में रखी।

ई प्राथमिकतन के फिल्टर के तरे काम करेला। जइसे रउआ खरीदारी करत समय अलग-अलग प्रोडक्ट के बीच रंग, आकार आ ब्रांड के चयन करेनी, ओइसही ChatGPT रउआ के जवाब देते समय कुछ ‘नियम’ निर्धारित करे के अनुमति देला।

अइसे काम करी फीचर 

OpenAI कहलस कि ChatGPT आगे बढ़े वाला हर बातचीत खातिर राउर कस्टम इंस्ट्रक्शन्स पs विचार करी। मॉडल हर बेर प्रतिक्रिया देवे पs इंस्ट्रक्शन पs विचार करी, एहसे रउआ हर बातचीत में आपन प्राथमिकतन भा जानकारी के दोहरावे के ना पड़ी। रउआ आपन बात कहत एगो कस्टम इंस्ट्रक्शन सेट कs सकत बानी कि जब कबो रउआ ChatGPT से कवनो बात कहत बानी तs ई फॉलो करेला।

एह यूजर्स के मिली फायदा

ChatGPT सुविधा खातिर कस्टम इंस्ट्रक्शन प्लस प्लान से सुरू होके बीटा में उपलब्ध बा आ आवे वाला हफ्तन में एकरा के सब यूजर्स खातिर विस्तारित कइल जाई। ई सुविधा यूके आ ईयू के छोड़के विश्व स्तर पs उपलब्ध बा।

कस्टम निरदेस कइसे सेट करीं 

  • ChatGPT प्लस यूजर कस्टम इंस्ट्रक्शन्स खातिर बीटा में ऑप्ट इन कs के कस्टम इंस्ट्रक्शन्स के उपयोग सुरू कs सकत बा लो।
  • एकरा खातिर वेब पर, आपन नाम > सेटिंग्स > बीटा फीचर्स > कस्टम इंस्ट्रक्शन में ऑप्ट इन पs क्लिक करीं। जब रउआ आगे जाके अपना नाम पs क्लिक करेम तs कस्टम इंस्ट्रक्शन मेनू में लअकी।
  • iOS पs, सेटिंग्स > न्यू फीचर्स > ऑन कस्टम इंस्ट्रक्शन पs जाई। बता दीं कि कस्टम इंस्ट्रक्शन सेटिंग्स में लउकी।
605270cookie-checkअब यूजर्स के मिली पर्सनल रिस्पॉन्स, ChatGPT पेश कइलस नया अपडेट, एह यूजर्स के मिली बेहतर कंट्रोल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.