Outage: दुनिया भर में ठप पड़ल Facebook, Instagram आ Whatsapp, यूजर्स परेशान

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 11, 2023

  दुनिया भर में फेसबुक, इंस्टाग्राम अवुरी व्हाट्सएप के डाउन होखे के खबर बा। ई आउटेज सोमार के देर रात भइल। Downdetector भी एकर पुष्टि कईले बा। इंस्टाग्राम से 13,000 यूजर, फेसबुक से 5,400 अवरू

Share

 

दुनिया भर में फेसबुक, इंस्टाग्राम अवुरी व्हाट्सएप के डाउन होखे के खबर बा। ई आउटेज सोमार के देर रात भइल। Downdetector भी एकर पुष्टि कईले बा। इंस्टाग्राम से 13,000 यूजर, फेसबुक से 5,400 अवरू व्हाट्सएप से 1,870 यूजर के शिकायत बा। Downdetector दुनिया के सभ साइट से आउटेज के ट्रैक करेला। मेटा अबहीं ले एह बड़हन आउटेज पs कुछ नइखे कहले। बतावल जात बा कि ई तीनों साइट करीब 2 घंटा ले ठप्प रहल।

फेसबुक के डाउन के बाद मेटा के एड मैनेजर में समस्या पैदा हो गईल। एह दौरान यूजर अपना फेसबुक पेज पs एड नइखे लगा पावत। भारत में फेसबुक, इंस्टाग्राम अवुरी व्हाट्सएप बढ़िया काम करता, हालांकि अमेरिका समेत बहुत देश के यूजर के फेसबुक, इंस्टाग्राम अवुरी व्हाट्सएप के दिक्कत होता।

एकरा से पहिले पिछला महीना के शुरुआत में इंस्टाग्राम डाउन रहे। ओह दौरान 56 प्रतिशत यूजर के इंस्टाग्राम ऐप से समस्या भईल, जबकि 23 प्रतिशत यूजर के लॉग इन करे में परेशानी होखता। 21 प्रतिशत यूजर के सर्वर एरर के शिकायत रहे। इंस्टाग्राम के अलावे बहुत फेसबुक यूजर के भी ए आउटेज के शिकायत रहे। फेसबुक यूजर के टाइमलाइन रिफ्रेश ना होत रहे।

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.