टेक्नोलॉजी डेस्क : का रउआ पता बा 99% लोग AC के रिमोट के इस्तेमाल खाली ओकरा के ऑन आ ऑफ करे खातिर करेनी। जबकि राउर एयर कंडीशनर के रिमोट के हर एगो बटन बड़ काम के बा। आजकल के AC एतना आधुनिक हो गइल बा, कि ओकर रिमोट कुछ खास फीचर्स के एक्टिवेट कs सकत बा, जवन गरमी से मुकाबला करे में राउर AC खातिर बड़ काम के साबित हो सकत बा। जदि रउआ चाहत बानी कि राउर एयर कंडीशनर सुपरफास्ट कूलिंग देवे आ बिजली के बिल कम आवे, खबर आखिर तक पढ़ेम। आज हमनी के रउआ AC रिमोट के 5 अइसन बटन के बारे में बात करेम सs, जवना के इस्तेमाल कइल रउआ जल्दी से जल्दी सुरू कs देवे के चाहीं।
मोड बटन बड़ काम के बा
लगभग हर AC के रिमोट में Mode नाम के बटन होला जबकि कइयन बेर लोग ताउम्र एह बटन पs गौर तक ना करेला। बता दीं कि हर एयर कंडीशनर में आमतौर पs Cool, Dry, Fan आ Auto जइसन मोड होला। सही मौसम में सही मोड के इस्तेमाल कs के रउआ ना खाली अच्छा कूलिंग पा सकत बानी बलुक बिजलियो बचा सकत बानी। गरमियन में “Cool Mode” सबसे बेहतर रहेला, जबकि बरसात में “Dry Mode” नमी हटावे में मदद करेला। Auto मोड में AC खुद तापमान के हिसाब से मोड बदलेला। बता दीं कि “Cool Mode” आ “Auto Mode” में जादे बिजली खर्च हो सकत बा।
कूलिंग बढ़ावेला-घटावेला Fan बटन
जदि रउआ सोच रहल बानी कि मोड बटन से राउर कमरा के ठंडक बढ़ जाई, तs ई एह बात के प्रमाण बा कि 99% लोग AC के रिमोट के सही इस्तेमाल ना करेला। दरअसल रउआ कमरा के ठंडक के बढ़ावल भा घटावल रउआ एयर कंडीशनर के रिमोट में मवजूद Fan बटन पs निर्भर करेला। देखीं जदि रउआ तुरंत ठंडा महसूस कइल चाहत बानी, तs High Fan Speed चुनीं। माने कि जदि AC में फैन के सबसे हाई स्पीड 3 बा, तs ओकरा के 3 पs सेट कs दीं। एकरा बाद जब कमरा के तापमान संतुलित हो जाई, तs ओह फैन के धीरे कs दीं। एकरा से रउआ बिजली के बचत कs सकेम।
सही Temperature के बा सारा खेल
आमतौर पs लोग गरमी लगला पs AC के 22°C भा 23°C पs सेट कs देला। अव्वल तs कइयन लोग गरमी महसूस होखला पs अपना एयर कंडीशनर के 16°C पs सेट कs देला। जबकि AC के कम तापमान पs चलावे के जगह 25°C-26°C पs चलावे के चाहीं। एकरा से ना खाली बिजली के बचत होई बलुक AC पs कम जोर पड़ी। एकरा से रउआ लमहर समय तक अच्छा कूलिंग मिली। बता दीं कि एह तरे के AC के इस्तेमाल कइला से ओमे कवनो तरे के धमाका के आशंका खत्म हो जाला। अइसन में AC के रिमोट के तापमान कंट्रोल करे वाला बटनो बहुत काम के बा।
Timer आ Sleep Mode बचाई पईसा आ गहिराह होई नींद
राउर AC के रिमोट पs मवजूद Timer आ Sleep Mode सबसे जादे काम के बटन बा। ई ना खाली राउर पईसा बचावेला। बलुक रउआ के गहिराह नींद दिलावे में मददो करेला। टाइमर बटन के मदद से रउआ तय केे सकते हैं कि कब AC को खुद बs खुद बंद हो जाये के चाहीं। एकर इस्तेमाल कs के रउआ नींद में चले गइला के बाद AC के ऑटोमैटिकली बंद कs के बिजली खर्च होखे से बचा सकत बानी आ पईसा बचा सकत बानी। ओहिजा स्लीप मोड बटनो एक तरे के टाइमरे हs बाकिर ई एगो स्मार्ट टाइमर हs। रउआ जदि 24 डिग्री पs AC चलाके 4 घंटा के स्लीप मोड लगाके सुत जात बानी, तs एह मोड के वजह से हर एक घंटा बाद AC के एक डिग्री तापमान बढ़त जाई। एसे बिजलियो भी बचेला आ रूम के जादे ठंडा हो गइला से नींदो ना टूटेला।
Swing आ Direct Airflow बढ़ाई असर
ऊपर बतावल AC के तमाम फंक्शंस के साेझा Swing आ Direct Airflow फंक्शन के कम ना समझे के चाहीं। दरअसल Swing बटन से हवा कमरा में हर दिशा में फइलेला। जदि AC के एयरफ्लो सीधा देह पs आ रहल बा, तs बेमार होखे के संभावना रहेला। Swing फंक्शन ऑन कइला से ठंडक पूरा कमरा में फइल जाला आ रउआ आराम से सुत सकेनी।
Read Also: Bihar News: बिहार के 358 प्रखंडन में खुली डिग्री कॉलेज, अधिकारियन के मिलल जमीन चिह्नित करे के आदेस