WhatsApp Apple के करोड़ों यूजर्स  के कराई मौज, लॉन्च होखे जा रहल बा नया App

By Anurag Ranjan

Published on: May 29, 2025

व्हाट्सएप दुनिया में इस्तेमाल होखे वाला सबसे बड़ इंस्टेंट मैसेजिंग ऐप हs। पूरा दुनिया में 35 लाख से अधिका लोग व्हाट्सएप के इस्तेमाल करेला। अगर आप एप्पल आईपैड पs व्हाट्सएप के इस्तेमाल करतानी तs आपके

Share

व्हाट्सएप दुनिया में इस्तेमाल होखे वाला सबसे बड़ इंस्टेंट मैसेजिंग ऐप हs। पूरा दुनिया में 35 लाख से अधिका लोग व्हाट्सएप के इस्तेमाल करेला। अगर आप एप्पल आईपैड पs व्हाट्सएप के इस्तेमाल करतानी तs आपके अनुभव जल्दिए बदले वाला बा। काहे कि व्हाट्सएप अपना आईपैड यूजर खातिर एगो नया ऐप लॉन्च करे वाला बा. व्हाट्सएप के नया ऐप लाखों यूजर के बहुत सुविधा देवे वाला बा।

अब तक एप्पल आईपैड के यूजर के अपना डिवाइस पs व्हाट्सएप के इस्तेमाल करे खातीर या तs फोन ऐप इंस्टॉल करे के पड़ी या फेर वेब ब्राउज़र के माध्यम से व्हाट्सएप चलावे के पड़ी। बाकिर अब इs समस्या पूरा तरीका से खतम होखे वाला बा। व्हाट्सएप अपना आईपैड यूजर्स खातिर एगो नया ऐप लॉन्च करे जा रहल बा।

कई साल से परीक्षण चल रहल बा

आईपैड खातिर आवे वाला इs नया ऐप बहुत फीचर से लैस होई। कंपनी आईपैड के डिस्प्ले के मुताबिक एs ऐप के इंटरफेस भी सेट कईले बिया। कंपनी बहुत दिन से व्हाट्सएप आईपैड ऐप के परीक्षण करतिया। एकर बीटा वर्जन के परीक्षण करीब दु साल से होखता। कंपनी एप्पल के टेस्टफ्लाईट प्लेटफॉर्म पs एs ऐप के बीटा टेस्टिंग कईले बिया। एह प्लेटफार्म में चुनल यूजर के एह ऐप के इस्तेमाल करे के अनुमति दिहल गइल आ ओकरा बाद प्रतिक्रिया के हिसाब से एहमें सुधार कइल गइल.

जल्दिए नया ऐप लॉन्च कइल जाई

आईपैड खातिर एs नाया ऐप के सबसे बड़ फायदा इs होई कि अब यूजर के अपना आईफोन के हर समय इंटरनेट से कनेक्ट ना राखे के पड़ी। अब आईपैड यूजर एs ऐप के डिवाइस पs ठीक फोन निहन इस्तेमाल कs सकतारे। ऐप के चैटिंग इंटरफेस बहुत सुचारू अवुरी यूजर फ्रेंडली होखे वाला बा। कंपनी ए नयका ऐप के लॉन्च के तारीख के घोषणा नईखे कईले, बाकिर हाल में कंपनी सोशल मीडिया ऐप पs एगो पोस्ट के माध्यम से संकेत देले रहे कि आईपैड ऐप के लॉन्चिंग कुछ दूर नईखे।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: आंख के बनावल चाहत बानी खूबसूरत आ तेज तs रोज करीं इs 3 गो योगासन

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.