छत्तीसगढ़ में पुलिस आ सुरक्षा बल नक्सलियन के पीठ तूड़े के पूरा कोशिश में लागल बा. एह क्रम में कोंडागांव-नारायणपुर सीमा पs सुरक्षा बल अवुरी नक्सली के बीच मुकाबला भईल। दुनो ओर से गोलीबारी में दुगो कट्टर नक्सली के मौत के खबर बा। बस्तर आईजी पी सुंदरराज बतवले कि मुठभेड़ स्थल से एके-47 राइफल अवुरी दु शव बरामद भईल बा। इलाका में सर्च ऑपरेशन चल रहल बा।
Chhattisgarh | Two hardcore naxals killed in an encounter at Kondagaon-Narayanpur border. AK-47 and two bodies recovered. Search operations underway: IG Bastar P Sundarraj
— ANI (@ANI) April 16, 2025
एकरा से पहिले सोमार के सुरक्षा बल बीजापुर जिला के भैरमगढ़ अवुरी मिरतुर थाना क्षेत्र से सात नक्सली के गिरफ्तार कs लेले रहे। एह नक्सली लोग से विस्फोटक बरामद भइल. पुलिस अधिकारी बतवले कि गश्त करत स्थानीय पुलिस अवुरी जिला रिजर्व गार्ड (डीआरजी) दलेर गांव के जंगल से 6 नक्सली के गिरफ्तार कईले अवुरी ओ लोग से टिफिन बम, कार्डेक्स वायर, जिलेटिन अवुरी बाकी सामान बरामद कईले।
इहो पढ़ीं:लखनऊ के लोकबंधु अस्पताल में लागल भयंकर आग, 200 मरीजन के बचावल गइल, एक के मउत