[the_ad_group id="30365"]

बलूचिस्तान में बड़ अटैक, पुलिस बस के बनवलस निशाना; 3 गो पुलिसकर्मियन के मउत कई घायल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

एक बेर फेरु पाकिस्तान के बलूचिस्तान में बड़हन हमला हो गइल बा. हमला के दौरान पुलिसकर्मी के निशाना बनावल गईल। मंगल का दिने एगो पुलिस बस के निशाना बनावत एगो विस्फोट में नाहियो त तीन गो पुलिस अधिकारी के मौत हो गइल आ सोलह जने घवाहिल हो गइले. समाचार एजेंसी एएफपी के रिपोर्ट के मुताबिक इ जानकारी पुलिस अधिकारी देले बाड़े। 

घटना मस्तुंग जिला के हs

बलूचिस्तान प्रशासन के अधिकारी राजा मुहम्मद अकरम हमला के बारे में बतवले कि इ घटना क्वेटा से करीब 40 किलोमीटर दक्षिण में भईल बा। मस्तुंग जिला में जब धमाका भइल बस में करीब 40 पुलिसकर्मी सवार रहले. राजा मुहम्मद अकरम बतवले कि, इs सड़क के किनारे आईईडी (इम्प्रूव्ड एक्सप्लोसिव डिवाइस) विस्फोट रहे, जवना में तीन पुलिसकर्मी के मउत हो गईल, जबकि 16 जने घाही हो गईले।

इहो पढ़ीं: लखनऊ के लोकबंधु अस्पताल में लागल भयंकर आग, 200 मरीजन के बचावल गइल, एक के मउत

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]