[the_ad_group id="30365"]

दिल्ली में बेखौफ बदमाश, घर से दूध लेवे गइल युवक के चाकू से गोद के हत्या

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दिल्ली के सीलमपुर इलाका में गुरुवार के रात एगो दिल दहला देवे वाली घटना सोझा आईल। जहां 17 साल के युवक कुणाल के नकाबपोश बदमाश सार्वजनिक तौर प चाकू से हत्या क देले। युवक के हत्या के बाद आरोपी मौका से फरार हो गईल। आरोपी एगो खास समुदाय के बतावल जाता।

खिसियाइल लोग सड़क जाम कs के हंगामा मचवले 

जानकारी के मुताबिक युवक दूध लेवे खाती घर से निकलल रहे। जहां घर से करीब 100 मीटर दूर अपराधी ओकरा के घेर के हत्या कs देले। घटना से खिसियाइल लोग सड़क जाम कs के हंगामा मचवले बाड़े। पुलिस मौका पs पहुंच के लोग के मामला के बारे में समझवलस। देर रात इलाका में भारी पुलिस बल के तैनाती कईल गईल।

स्थानीयता के लोग में भय के माहौल बा

17 साल के युवक के हत्या के बाद इलाका के लोग में बहुत नाराजगी बा। स्थानीयता के लोग भी काफी डेरा गईल बाड़े। नाराज लोग हमलावर के गिरफ्तार कs के सबसे कड़ा सजा देवे के मांग कईले बाड़े। पुलिस प्रशासन एss मामला में कार्रवाई शुरू कs देले बा।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: आंख के बनावल चाहत बानी खूबसूरत आ तेज तs रोज करीं इs 3 गो योगासन

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]