सिडनी हवाई अड्डा पs विमान के आपातकालीन लैंडिंग, रनवे पs भीषण आग लगले से मचल हड़कंप

सिडनी एयरपोर्ट पs रनवे पs जहाज में लागल भीषण आग (प्रतीकात्मक फोटो)

Share

 

 

बियफे के दिने इंजन खराब होखला के चलते आस्ट्रेलिया के सिडनी से उड़ान भरत एगो सवारी विमान के सुरक्षित आपातकालीन लैंडिंग करे से पहिले कई गो राउंड करे के पड़ल. एकरा चलते रनवे पs भारी आग लाग गईल। क्वांटस एयरलाइन इs जानकारी देले बिया। सिडनी हवाई अड्डा एगो बयान जारी कs कहलस कि, एकरा संगे रनवे के एक ओर के घास में आग लाग गईल। हालांकि दुनो घटना के संबंध बा कि ना, इ नईखे पाता चलल। आग लगला के बाद मौका पs यात्री अवुरी कर्मचारी के बीच भगदड़ मच गईल।

हवाई अड्डा के अधिकारी के मुताबिक बहुत मेहनत के बाद आग पs काबू पा लिहल गईल बा, बाकिर उड़ान में देरी होखे के संभावना बा। क्वांटस एयरलाइन इs ना बतवलस कि ब्रिस्बेन जाए वाला ट्विन जेट बोइंग 737-800 में केतना यात्री सवार रहले, जब ओकर इंजन जोरदार धमाका के संगे खराब हो गईल। एs घटना में केहु के घाही होखे के कवनो खबर नईखे। क्वांटस के मुख्य पायलट कैप्टन रिचर्ड टोबियानो एगो बयान जारी कs कहले कि, हमनी के समझ में आवत बा कि ग्राहक खातीर इs एगो परेशान करेवाला अनुभव रहल होई अवुरी हमनी के आज दुपहर में सभ ग्राहक से संपर्क कs के सपोर्ट देवे के होई।

घटना के कारण अबे ले पता नईखे चलल

अधिकारी बतवले कि एs घटना के पीछे के कारण अबे ले पता नईखे चलल। हमनी के इंजन के समस्या के कारण के भी जांच करब।” सिडनी हवाई अड्डा कहलस कि ओकर मुख्य रनवे अबो चालू बा। हवाई अड्डा एगो बयान जारी कs कहलस कि घास में आग एगो समानांतर रनवे के किनारे लागल बा, जवना के फेर से इस्तेमाल करे से पहिले ओकर निरीक्षण कईल जाता। हवाई अड्डा के कहल बा कि उड़ान संचालन में देरी होखे के उमेद बा आ यात्रियन के सलाह दिहल गइल बा कि ऊ लोग एयरलाइन से आपन उड़ान के स्थिति जाँच करस.

 

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-