Bihar: शहाबुद्दीन के बेटा के बात ना मनला के अइसन सजा! राजद प्रत्याशी के चुनाव प्रचार के दौरान ई का भइल?

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 10, 2024

जइसे-जइसे बेलागंज विधानसभा उपचुनाव के तारीख नजदीक होत जा रहल बा। ओइसे-ओइसे सब पार्टी के नेता लोगन के चुनाव प्रचार जोर पकड़त जा रहल बा। व्यापक पैमाना पs जनसंपर्क अभियान चलावल जा रहल बा। एही

Share

राजद नेता ओसामा सहाब के लेके वीडियो वायरल हो रहा। - फोटो : अमर उजाला

जइसे-जइसे बेलागंज विधानसभा उपचुनाव के तारीख नजदीक होत जा रहल बा। ओइसे-ओइसे सब पार्टी के नेता लोगन के चुनाव प्रचार जोर पकड़त जा रहल बा। व्यापक पैमाना पs जनसंपर्क अभियान चलावल जा रहल बा। एही क्रम में बीतल देर सांझ बेलागंज विधानसभा क्षेत्र लक्ष्मीपुर गांव में राष्ट्रीय जनता दल के प्रत्याशी विश्वनाथ कुमार सिंह उर्फ विश्वनाथ यादव के पक्ष में राजद नेता ओसामा साहब नुक्कड़ सभा के संबोधित करत रहस।

माफी के लायक नइखे… एतना सुनतही दउड़ाके पीटल गइल

शहाबुद्दीन के बेटा ओसामा चुनावी सभा के संबोधित करत कहलें कि राजद प्रत्याशी विश्वनाथ यादव से कवनो भुल चूक भइल होखे तs रउआ आप कोसिस करीं कि इनका के माफ कs दीं। एकर जिम्मेदारी हम लेत बानी। एतना कहला पs भीड़ से एगो आवाज आइल कि ई माफी के लायक नइखे। राजद प्रत्याशी हमनी के गाली-गलौज कइले बाड़ें। ई अपना घरे में ठीक बाड़ें। एगो जुवक के एतना बोलतही उनकर समर्थक ओह जुवक के पकड़ के भरल सभा में दउड़ा-दउड़ा के पीटे लागल लो।

भीड़ में लोग जुवक के बचावल, अब वीडियो वायरल

एने, सभा में मवजूद स्थानीय लोग भीड़ से ओह जुवक के बचा के बगल के एको दुकान में पहुंचा दिहल। ओकरा बाद लोग राहत के सांस लेलस। जवना के वीडियो तेजी से वायरल हो रहल बा। जानकारन के मानल जाव तs चुनाव आयोग के ओर से आम सभा खातिर समय के निर्धारण कइल गइल बा। बाकिर राजद प्रत्याशी आ उनकर नेता चुनाव आयोग के दिसा-निरदेस के खुलेआम धज्जी उड़ा रहल बा लो। मालूम होखे कि बिहार के चार सीटन पs 13 नवंबर के उपचुनाव होखे के बा। गया जिला के दुगो विधानसभा सीट बेलागंज आ इमामगंज विधानसभा सीट पs उपचुनाव होखे के बा। ओहिजा 23 नवंबर के वोटन के गिनती होई।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.