[the_ad_group id="30365"]

Elvish Yadav Girlfriend: खूबसूरती में हीरोइननो के देली मात, ब्रेकअप के बादो कम नाहीं भइल एल्विश के चाहत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

Who Is Elvish Yadav Girlfriend: मशहूर यूट्यूबर एल्विश यादव विवादित शो ‘बिग बॉस ओटीटी 2’ में आपन अनोखा अंदाज के चलते लाखों दर्शकन के पसंदीदा प्रतियोगी बन गइल बाड़न। मनीषा रानी जब कबो बिग बॉस के घर में एल्विश के संगे फ्लर्ट करेली त यूट्यूबर उनुका रिलेशनशिप के बात करत देखाई देतारे।

Who Is Elvish Yadav Girlfriend: एल्विश यादव कीर्ति मेहरा से सीरियस रिलेशनशिप में रहले। दुनो लोग एक दूसरा के करीब 6-7 साल से डेट कईले रहले। हालांकि डेढ़ साल पहिले दुनो लोग के बीच ब्रेकअप हो गईल रहे। कीर्ति एगो यूट्यूबर आ इन्फ्लुंसर हई जिनकर सोशल मीडिया पs लाखों फॉलोअर्स बाड़े। मजेदार बात ई बा कि कीर्ति के कंटेंट क्रिएटर बने खातिर प्रेरित करे वाला एल्विश रहले।

एल्विश यादव-कीर्ति मेहरा के मुलाकात कईसे भईल?

एगो साक्षात्कार में कीर्ति मेहरा एल्विश यादव से पहिला मुलाकात के बारे में बतवली। उ बतवले कि दुनो एकही कॉलेज में पढ़ले रहले। एक बेर कीर्ति डांस सोसाइटी खातिर अभ्यास करत रहली आ प्रॉपर यूनिफॉर्म के अभाव में कुर्ती-लैगी पहिन के अइली। ओही दौरान एल्विश यादव के नजर पहिला बेर उनका पs पड़ल आ तबहिए उनकर दिल हार गइले।

एकरा बाद एल्विश यादव कॉलेज के चुनाव में खड़ा हो गईले। कीर्ति के क्लास में जाके सब लोग से पूछले कि कॉलेज में कवन बदलाव ले आवल चाहत बानी। एही पs कीर्ति कैंटीन में मोमो लगावे के कहली। कीर्ति के अटपटा बात एल्विश के पागल बना देले रहे। इहाँ से ही दुनो लोग के बीच कनेक्शन भईल अवुरी दुनो लोग के बीच बढ़िया दोस्ती हो गईल।

कीर्ति एगो इंटरव्यू में बतवले रहली कि एल्विश के उनुका जीवन में बहुत महत्व बा। कीर्ति आ एल्विश लगभग 6-7 साल ले एक दूसरा के डेट कईले।

 

एल्विश यादव के बीच रिस्ता काहे टूट गईल?

एल्विश यादव अवुरी कीर्ति मेहरा सोशल मीडिया पs एक संगे व्लॉग बनावत रहले। प्रशंसक एह लोग के गजब के केमिस्ट्री के पागल हो गइल रहले। डेढ़ साल पहिले दुनु जने अपना ब्रेकअप के खबर से प्रशंसकन के दिल तूड़ दिहले रहले। ओह घरी एलविश कीर्ति के धोखा देले के रूमर्स रहे, लेकिन एगो साक्षात्कार में कीर्ति साफ-साफ कहले रहली कि एल्विश उनुका से धोखा नईखन कईले। उ बतवली कि उनुकर सोच एकदम अलग बा, जवन कि दुनो के ब्रेकअप के एगो कारण बन गईल।

 

एल्विश आ कीर्ति के अलगा होखला के बाद भी एक दूसरा के इज्जत बा। कीर्ति त इहाँ तक कि व्लॉग में कहली कि भले दुनो लोग अलग हो गईल बाड़े, लेकिन उ बिग बॉस में एल्विश के सपोर्ट करतारी। उ अपना प्रशंसकन से एल्विश के वोट देबे के कहली।

 

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]