नई दिल्ली। महाराष्ट्र के डिप्टी सीएम एकनाथ शिंदे के एक्स अकाउंट कुछ देर खातिर हैकर्स हैक कs लेलें सs। एतने ना, डिप्टी सीएम के आधिकारिक अकाउंट से पाकिस्तान आ तुर्की के झंडन के तस्वीर पोस्ट कइल गइल। एकरा बाद अधिकारियन में हड़कंप मच गइल।
एह दौरान हैकर लोग दूनो देसन के झंडा के तस्वीरन के पोस्ट करे के संगे लाइव स्ट्रीमिंग। उहो ओह दिन कइले सs, जब अतवार के भारत आ पाकिस्तान एशिया कप में आपन दूसरका मैच खेले वाला बा।
तुरंत रिकवर कइल गइल अकाउंट
एह ममिला के लेके एगो अधिकारी बतवलें कि अकाउंट हैक होखला के जानकारी तुंरत साइबर अपराध पुलिस के दिहल गइल। उपमुख्यमंत्री के एक्स हैंड के प्रभारी टीम बाद में अकाउंट के फेर से रिकवर कs लेलस।
Post Views: 25