World News : पाकिस्तानी वायुसेना अपने नागरिकन पs गिरवलस 8 बम, एयरस्ट्राइक में 30 के मौत आ कइयन घायल

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 22, 2025

नई दिल्ली। पड़ोसी मुल्क पाकिस्तान से अचंभित कs देवे वाला खबर निकल के आइल बा। पाकिस्तानी वायुसेना अपने देस के लोगन पs बम बरसवलस। ई हमला अतवार के देर रात करीब 2 बजे भइल। एयरस्ट्राइक

Share

नई दिल्ली। पड़ोसी मुल्क पाकिस्तान से अचंभित कs देवे वाला खबर निकल के आइल बा। पाकिस्तानी वायुसेना अपने देस के लोगन पs बम बरसवलस। ई हमला अतवार के देर रात करीब 2 बजे भइल।

एयरस्ट्राइक में 30 के मौत, कइयन लोग घायल

लोकल मीडिया रिपोर्ट्स के अनुसार, पाकिस्तानी लड़ाकू विमान तिराह घाटी के मत्रे दारा गांव पs 8 गो एलएस-6 बम गिरवलस, जवना से भारी तबाही मच गइल। एह बमबारी में कम से कम 30 लोग जान गवां देलस, ऊ सब लोग पाकिस्तानी नागरिक रहे। जबकि दर्जनन लोग घायल भइल बा।

सोशल मीडिया पs वायरल भइल तस्वीर

घटना के बाद सोशल मीडिया पs एगो तस्वीर तेजी से वायरल भइल बा, जवना में मलबा के बीच लाश पसरल दिख रहल बा, जेकरा में लइको सामिल बाड़ें सs। राहत-बचाव दल मलबा में दबल लाश निकलात दिख रहल बा। दावा कइल जा रहल बा कि मरे वालन के गिनती आउर बढ़ सकेला।

घायल अस्पताल में भर्ती

घायलन के नजदीकी अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा। आउर बाकी लोगन के मलबा से बाहर निकाले के काम जारी बा। ई घटना पाकिस्तान के अंदरुनी कलह आ खराब हालात के ओर इशारा कर रहल बा।

खैबर पख्तूनख्वा – पाकिस्तान के अशांत इलाका

बता दीं कि खैबर पख्तूनख्वा प्रांत बहुत समय से अशांति के केंद्र रहल बा। इहां पहिलहूं आतंकवादी विरोधी अभियान देखल गइल बा। रिपोर्ट के अनुसार, जनवरी से अगस्त तक एह इलाका में 605 आतंकी घटना दर्ज कइल गइल बा। अकेले अगस्त महीना में 129 घटना भइल बा।

Read Also: मोदी जी जहाज में घूमल छोड़ीं  …’, एक्स पऽ अरविंद केजरीवाल के पीएम पऽ तंज

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.