IND vs PAK Pitch Report : दुबई में गेंदबाज करी लोग तांडव भा बल्‍लेबाजन के हई हाहाकार? भारत-पाकिस्‍तान मैच के पिच‍ रिपोर्ट

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 21, 2025

स्‍पोर्ट्स डेस्‍क। विवादन के उतार-चढ़ाव, हाथ ना मिलावे आ टूर्नामेंट से हटे के धमकी देला के बाद चिर-प्रतिद्वंद्वी भारत आ पाकिस्‍तान एशिया कप के सुपर-4 राउंड में भिड़े के तइयार बा। भारत आ पाकिस्‍तान के

Share

स्‍पोर्ट्स डेस्‍क। विवादन के उतार-चढ़ाव, हाथ ना मिलावे आ टूर्नामेंट से हटे के धमकी देला के बाद चिर-प्रतिद्वंद्वी भारत आ पाकिस्‍तान एशिया कप के सुपर-4 राउंड में भिड़े के तइयार बा। भारत आ पाकिस्‍तान के बीच दुबई इंटरनेशनल स्‍टेडियम पs भारतीय समयानुसार सांझ 8 बजे मुकाबला सुरू होई।

भारत आ पाकिस्‍तान के बीच एशिया कप 2025 के लीग चरण में घमासान भइल रहे। तब मेन इन ब्‍ल्‍यू एकतरफा दबाव बनावत चिर-प्रतिद्वंद्वी के सात विकेट से मात देले रहे। सूर्यकुमार यादव विजयी छक्‍का जड़लें आ फेर विरोधी टीम के खिलाड़‍ियन से हाथ मिलवले बिना पवेलियन लवटलें, जवना से विवाद खड़ा हो गइल रहे।

अब दूनो टीम पुरान बातन के भूलके एक बेर फेर एक-दूसरा से दू-दू हाथ करे खातिर तइयार बा। भारतीय टीम लीग चरण के आपन सब मैच जीतके सुपर-4 में प्रवेश कइलें जबकि पाकिस्‍तान ग्रुप-ए में दूसरका स्‍थान पs रहत पहुंचल। चलीं जानत जाव कि दुबई के पिच का संकेत दे रहल बा।

दुबई के पिच के हाल

भारत आ पाकिस्‍तान के बीच हाई वोल्‍टेज मैच दुबई में होई, जहां के पिच अपना धीमा बर्ताव खातिर जानल जाला। इहां लाइट्स के नीचे तेज गेंदबाजन के कड़ा परीक्षा होत लउकल  जबकि स्पिनर्स के हल्‍ला बोल रहल। बल्‍लेबाज एक बेर क्रीज पs जम जाये तs खुलके आपन स्‍ट्रोक्‍स खेल सकत बा लोग। बाकिर एह पिच पs धैर्य रखे के सबसे जादे जरुरत बा।

दुबई ग्राउंड के आउटफील्‍ड बहुते तेज बा। हालांकि, मैदान के आकार बड़ बा, जवना से स्पिनर्स के खिलाफ बाउंड्री पार कइल मुश्किल बा। पिछला मुकाबलन में इहां ओस जादे परेसान ना कइलस, बाकिर फेर एकरा पs कप्‍तानन के नजर टिकल रही। इहां पहिले बल्‍लेबाजी कइल टीम खातिर फायदेमंद साबित हो सकत बा।

दुबई के मौसम

दुबई में एह समय तेज गर्मी बा। इहां मैच के समय तापमान 30.5 डिग्री सेलसियस से लेके 34.8 डिग्री सेलसियस के बीच रह सकत बा। ह्यूमिडिटी (उमस) 61 भा 62 प्रतिशत तक रहे के उम्‍मेद बा। अइसन में खिलाड़‍ियन के फिटनेस के खास ख्‍याल रखे के दरकार बा। बहरहाल, मैच में बरखा के कवनो खतरा नइखे तs फैंस के पूरा एक्‍शन देखे के मौका मिली।

Read Also: BCCI New President : मिथुन मन्हास बनिहें बीसीसीआई के नया अध्यक्ष, आरपी सिंह के बड़ जिम्मेदारी मिलल तय

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.