Bihar Train Accident Updates: नाथ ईस्ट एक्सप्रेस दुर्घटना के कारण ट्रेनन के बदलल मार्ग, धनबाद होके चली आठ गो ट्रेन

Share

Bihar Train Accident Updates: बिहार के बक्सर में रघुनाथपुर स्टेशन पs बुध रात के एगो ट्रेन दुर्घटनाग्रस्त हो गइल। ई ट्रेन आनंद विहार से आवत रहे।

जानकारी के मोताबिक, आनंद विहार कामाख्या नार्थ ईस्ट एक्सप्रेस के 21 बोगी बेपटरी हो गइल। ट्रेन हादसा में छव लोगन के मौत भइल बा आ करीब 100 लोग से अधिक घायल बतावल जा रहल बा।

बिहार के बक्सर के लगे रघुनाथपुर में 11 अक्टूबर के रात आनंद विहार से कामाख्या जा रहल नार्थ ईस्ट एक्सप्रेस के दुर्घटनाग्रस्त होखला से रेल सेवा अस्त-व्यवस्त हो गइल बा। बुध के रात से राहत काम सुरू होखला के संगे कइयन ट्रेन के रद आ कइयन ट्रेनन के मार्ग बदल दिहल गइल बा। बक्सर-रघुनाथपुर होके चले वाला ट्रेनन के धनबाद होके चलावे के सूचना जारी कइल गइल बा।

एह ट्रेनन के बदलल मार्ग

  • 11 अक्टूबर के चलल 12506 आनंदविहार-कामाख्या एक्सप्रेस पंडित दीन दयाल उपाध्याय, गया, धनबाद, आसनसोल, अंडाल आ मालदा टाउन होके चली।
  • 11 के चलल15945 लोकमान्य तिलक-डिब्रूगढ़ एक्सप्रेस पंडित दीन दयाल उपाध्याय, गया, धनबाद, आसनसोल, अंडाल आ मालदा टाउन होके चली।
  • 11 अक्टूबर के चलल 15946 डिब्रूगढ़ -लोकमान्य तिलक एक्सप्रेस मालदा टाउन, अंडाल, आसनसोल, धनबाद होके चली।
  • 11 के चलल 12362 मुंबई-आसनसोल एक्सप्रेस पंडित दीन दयाल उपाध्याय, गया, धनबाद होके आसनसोल जाई।
  • 11 के चलल 22450 नई दिल्ली-गुवाहाटी संपर्क क्रांति एक्सप्रेस पंडित दीन दयाल उपाध्याय, गया, धनबाद, आसनसोल, अंडाल आ मालदा टाउन होके चली।
  • 11 अक्टूबर के चलल 12304 नई दिल्ली हावड़ा पूर्वा एक्सप्रेस पंडित दीन दयाल उपाध्याय, गया, धनबाद, आसनसोल होके चली।
  • 12 अक्टूबर के 12315 कोलकाता-उदयपुर सिटी अनन्या एक्सप्रेस आसनसोल, धनबाद, गया होके चली।
  • 12 अक्टूबर के चले वाली 12325 कोलकाता-नांगल डैम एक्सप्रेस आसानसोल, धनबाद आ गया होके चली।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-