[the_ad_group id="30365"]

बेंगलुरु के बिल्डिंग में लगल भीषण आग, जान बचावे खातिर टॉप फ्लोर से कूदल शख्स

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

कर्नाटक के राजधानी बेंगलुरु में बुध के दिने एगो बहुमंजिला भवन में आग लाग गइल। जानकारी के मुताबिक, दुर्घटना बेंगलुरु के एगो पॉश इलाका कोरामंगला में भईल बा। शुरुआती जानकारी के मुताबिक भवन के चउथा मंजिल पs स्थित पब में आग लाग गईल। आपन जान बचावे खातिर एगो आदमी भवन के चउथा मंजिल से कूद गईल। एकर वीडियो वायरल हो रहल बा। पुलिस अधिकारी बतवले कि फायर ब्रिगेड के टीम आग बुझावे में व्यस्त बिया।

इमारत में आग लगला के बीच एकरा ऊपरी मंजिल पs एगो बड़ विस्फोट भईल, जवन कि कथित तौर पs एलपीजी सिलेंडर के विस्फोट के चलते भईल बा। एही बीच चार मंजिला इमारत के छत के कोना से आदमी कूद गइल। भवन से कूदत आदमी के संगे एगो अवुरी आदमी घाही हो गईल बा। दुनु जने के निजी अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]