MPs Suspended : लोकसभा स्पीकर के तरफ कागज उछाले वाला आठ सांसद निलंबित, हंगामा के बीच कार्यवाही स्थगित

Eight MPs suspended for throwing papers towards Lok Sabha Speaker during parliamentary chaos

Share

नई दिल्ली। लोकसभा में जोरदार शोर-शराबा के बीच कुछ सांसद स्पीकर के कुर्सी तरफ कागज फेंक दिहल लोग। एह घटना के बाद सख्त रुख अपनावत लोकसभा अध्यक्ष संबंधित सांसदन पs कार्रवाई कइलें आ आठ सांसदन के मवजूदा सत्र के बचल अवधि खातिर निलंबित कs दिहल गइल। हंगामा बढ़ला के चलते सदन के कार्यवाही कइयन बेर रोके के पड़ल आ आखिरकार कार्यवाही बुध तक खातिर स्थगित कs दिहल गइल।

दुपहरिया करीब तीन बजे जब चउथा बेर लोकसभा के कार्यवाही सुरू भइल, तब पीठासीन अधिकारी साफ कइलें कि स्पीकर के ओर कागज फेंके वाला सांसदन के नाम दर्ज कइल जाई। एकरा बाद संसदीय कार्य मंत्री किरेन रिजिजू अइसन सांसदन के निलंबन के प्रस्ताव रखलें। सदन में ध्वनिमत से एह प्रस्ताव के मंजूरी दे दिहल गइल। हालांकि, एतना सब होखला के बादो हंगामा शांत ना भइल।

सदन में का कार्रवाई भइल?

  • आठ विपक्षी सांसदन पs कार्रवाई कइल गइल।
  • सब सांसदन के मवजूदा सत्र के बाकी अवधि खातिर निलंबित कइल गइल।
  • लोकसभा के कार्यवाही पूरा दिन खातिर स्थगित कs दिहल गइल।

निलंबित कइल गइल सांसदन के नाम

  • डीन कुरियाकोस
  • किरण रेड्डी
  • अमरिंदर सिंह राजा वड़िग
  • मणिकम टैगौर
  • गुरजीत औजला
  • हिबी इडेन
  • वेंकेट रमन
  • प्रशांत पडोले

संसद भवन के बाहर विरोध

निलंबन के खिलाफ विपक्षी नेता राहुल गांधी के अगुवाई में कांग्रेस सासंद भवन के बाहर विरोध प्रदर्शन कइल लोग। मंगर के दुपहरिया से सदन में हंगामा चल रहल बा। दरअसल, राहुल गांधी के 2020 के भारत-चीन संघर्ष पs पूर्व सेना प्रमुख एम एम नरवणे के एगो अप्रकाशित संस्मरण पs आधारित लेख के हवाला देवे से रोक दिहल गइल रहे, एकरा से विपक्ष नाराज हो गइल।

काहे बढ़ल विवाद?

कार्यवाही के दौरान पीठासीन अधिकारी राहुल गांधी के बोले के अनुमति ना देले आ अगिला वक्ता के नाम पुकार लेलें। एकरा पs समाजवादी पार्टी, तृणमूल कांग्रेस सहित कइयन गो विपक्षी दल विरोध जतावल आ बोले से इनकार कs दिहल। हालात एतना बिगड़ गइल कि विपक्षी सांसद वेल में आके नारेबाजी करे लागल लोग आ स्पीकर के कुरसी के तरफ कागज फेंके लागल लोग। हालात काबू से बाहर हो गइल आ आखिरकार कार्रवाई करत सदन के कार्यवाही बुध तक खातिर स्थगित कs दिहल गइल।

Read Also: PM Modi In NDA Meet : चुनावन में जीत से संतुष्ट ना होखे लो सांसद, नसीहत के संगे US के संगे ट्रेड डील पs बोललें पीएम

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-