UP News : शिक्षकन खातिर बड़ फैसला, छुट्टी के दिन जबरन ना बोलावल जा सकी, जल्दी जारी होई सख्त निरदेस

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 4, 2026

लखनऊ। उत्तर प्रदेश में माध्यमिक शिक्षा विभाग के स्कूलन में पढ़ावे वाला शिक्षकन खातिर राहत भरल खबर बा। अब जिला विद्यालय निरीक्षक (डीआईओएस) छुट्टी के दिन जबरन शिक्षकन के स्कूल भा दफ्तर ना बुला सकी

Share

Uttar Pradesh government takes action against corruption in Social Welfare Department, four officers dismissed and three face pension cuts under CM Yogi Adityanath’s directive.

लखनऊ। उत्तर प्रदेश में माध्यमिक शिक्षा विभाग के स्कूलन में पढ़ावे वाला शिक्षकन खातिर राहत भरल खबर बा। अब जिला विद्यालय निरीक्षक (डीआईओएस) छुट्टी के दिन जबरन शिक्षकन के स्कूल भा दफ्तर ना बुला सकी लोग। शासन एह मुद्दा पs सख्त निरदेस जारी करे के तइयारी में बा।

असल में, प्रदेश के कइयन गो जिला में ई शिकायत मिलल बा कि डीआईओएस छुट्टी के दिन शिक्षकन के काम खातिर बुला रहल बा लोग। जबकि माध्यमिक शिक्षा निदेशक पहिलही एकरा पs रोक लगावे के आदेस जारी कइले रहस, बाकिर जमीनी स्तर पs ओकर सही से पालन ना हो पावत रहे। एह बात के शिकायत शिक्षक संगठनन द्वारा सीधे शासन आ निदेशालय तक पहुंचावल गइल।

हाले में जब कड़ाका के ठंड के चलते माध्यमिक स्कूलन में छुट्टी घोषित कइल गइल रहे, तब कइयन गो जगहन पs शिक्षकन के काम खातिर बोलावल गइल। कुछ जिला में तs हाले ई रहल कि स्कूल खुले के समय निकल गइला के बाद सूचना देके शिक्षकन के बोलावल गइल। एकरा से शिक्षकन में भारी नाराजगी देखे के मिलल।

ममिला सामने अइला के बाद माध्यमिक शिक्षा निदेशालय संबंधित डीआईओएस के चिट्ठी भेज के नाराजगी जतवले बा। संगही ई साफ कइल गइल बा कि अब शासन स्तर से साफ आ कड़ा निरदेस जारी होई। प्रस्तावित नियम के अनुसार, अब छुट्टी के दिन जदि कवनो शिक्षक के ड्यूटी पs बोलावल जरूरी होई तs पहिले संयुक्त शिक्षा निदेशक से अनुमति लिहल अनिवार्य होई।

एह बीच उत्तर प्रदेश माध्यमिक शिक्षक संघ (एकजुट) के प्रदेश महामंत्री राजीव यादव कहले बाड़ें कि जदि छुट्टी के दिन शिक्षकन से काम लिहल जाला तs ओकरा बदला में प्रतिकर अवकाश जरूर मिले के चाहीं। एह फैसला से प्रदेश भर के शिक्षकन के बड़ राहत मिले के उम्मेद जतावल जा रहल बा।

Read Also: 04 फरवरी 2026 के राशिफल

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.