Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

राजस्थान प्रदेश कांग्रेस अध्यक्ष के घर ED के रेड: पेपर लीक केस में डोटासरा से पूछताछ जारी; दौसा में कांग्रेस उम्मीदवार हुडला के घर पs छापा

616

राजस्थान में भइल पेपर लीक के ममिला के लेके प्रवर्तन निदेशालय (ED) के टीम आज सबेरे प्रदेश कांग्रेस अध्यक्ष गोविंद सिंह डोटासरा के घर छापेमारी कइले बा। सूत्रन के मोताबिक ई रेड राजस्थान में भइल पेपर लीक के लेके भइल बा। ED फिलहाल डोटासरा आ उनका रिश्तेदारन से पूछताछ कs रहल बिया। ED के टीम डोटासरा के जयपुर के सरकारी आवास सहित सीकर इस्थित निजी निवासो पs पहुंचल बिया।

ईडी के टीम डोटासरा सहित उनका रिश्तेदारन के घरे पहुंचल बिया। पेपर लीक के लेके आज ईडी पहिला बेर डोटासरा के घर पs छापेमारी कइले बिया। दिल्ली आ जयपुर के ईडी के टीम के संगे केंद्रीय सुरक्षा बल के अधिकारी मवजूद रहे लो। डोटासरा सीकर जिला के लक्ष्मणगढ़ विधानसभा सीट से कांग्रेस प्रत्याशी बाड़े।

डोटासरा के नजदीकियन पs पहिलहू पड़ल रहे छापा

पेपर लीक ममिला में डोटासरा के नजदीकियन पs पहिले ईडी के छापा पड़ल रहे। सीकर आ कइयन जगह कलाम कोचिंग सेंटर पs अगस्त-सितंबर में ईडी के छापा पड़ल रहे। डोटासरा ओह समय नजदीकियन के बेवजह परेसान करे के आरोप लगवले रहस।

ओमप्रकाश हुड़ला के ठिकानन पs ईडी के छापा 

महुवा से निर्दलीय विधायक आ कांग्रेस उम्मीदवार ओमप्रकाश हुड़ला के ठिकानन पs ईडी छापेमारी कइले बिया। ईडी के टीम दौसा, जयपुर सहित कइयन जगहन पs हुड़ला के ठिकानन पs पहुंचल बिया। दौसा जिला में हुड़ला के पेट्रोल पंप पs ईडी के छापेमारी चल रहल बा। हुड़ला के दफ्तरन आ बेयपारिक प्रतिष्ठानन पs ईडी दस्तावेज खंगाल रहल बिया।

आरपीएएसी मेंबर सहित कइयन आरोपियन पs कार्रवाई कs चुकल बिया ईडी

पेपरलीक ममिला में ईडी राजस्थान लोक सेवा आयोग(आरपीएससी) मेंबर बाबूलाल कटारा सहित कइयन लोगन पs कार्रवाई कs चुकल बिया। पेपर लीक से जुड़ल आरोपियन के पुलिस पहिले अरेस्ट कइले रहे, एकरा बाद ईडी केस हाथ में लेके कार्रवाई कइलस।

किरोड़ीलाल मीणा आ बीजेपी लगवले रहे आरोप

पेपर लीक ममिला में बीजेपी के राज्यसभा सांसद किरोड़ीलाल मीणा मंत्री विधायकन के सामिल होखला के आरोप लगवले रहस। बीजेपी नेता लोग कांग्रेस प्रदेशाध्यक्ष गोविंद सिंह डोटासरा पs आरोप लगवले रहे। डोटासरा नवंबर 2021 तक शिक्षा मंत्री रहल बाड़ें, एह वजह से विपक्ष उनका पs आरोप लगावत रहल बा।

डोटासरा कहले रहस- हमनी के तs ईडी के इंतजार करत रहे, का कs ली ईडी?

नेता लोगन के खिलाफ ईडी, इनकम टैक्स के कार्रवाई के लेके गोविंद सिंह डोटासरा सुरूए से केंद्र आ बीजेपी पs हमलावर रहल बाड़ें। डोटासरा कइयन बेर बयान देले रहस कि हम तs इंतजार कs रहल बानी कि कब ईडी आ इनकम टैक्स आवेले। ईडी आ इनकम टैक्स से ऊ डेराला, जे कुछ गलत कइले होखे, हम तs इंतजार कs रहल बानी कि कब ईडी आवले? का कs  ली ईडी?

12 दिन पहिले सीएम के करीबी के घर भइल रहे रेड

पेपर लीक ममिला में ईडी राजस्थान में पिछला दु महीना से लगातार कार्रवाई कs रहल बिया। 12 दिन पहिलही ईडी सीएम अशोक गहलोत के करीबी दिनेश खोड़निया आ उनका रिश्तेदार अशोक जैन के घर पs डूंगरपुर में छापा मरले रहे।

669610cookie-checkराजस्थान प्रदेश कांग्रेस अध्यक्ष के घर ED के रेड: पेपर लीक केस में डोटासरा से पूछताछ जारी; दौसा में कांग्रेस उम्मीदवार हुडला के घर पs छापा

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.