[the_ad_group id="30365"]

Bihar News : विपक्षी दलन के बैठक से एक दिन पहिले मंत्री के रिश्तेदार आ सीएम नीतीश के करीबी पs ED-IT के धावा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के नेतृत्व वाली केंद्र के भाजपा सरकार के उखाड़ फेंके के एलान करे खातिर पटना में 23 जून के होखे वाला विपक्षी दलन के बैठक से एक दिन पहिले बिहार के बेगूसराय में राज्य सरकार के मंत्री विजय कुमार चौधरी के रिश्तेदार आ मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के करीबी मानल जाये वाला बिजनेसमैन के ठिकानन पs प्रवर्तन निदेशालय (ED) आ आयकर (IT) एक संगे धावा बोललस।

बेगूसराय में हो रहल बा छापेमारी 

ED-IT टीम बेगूसराय में उद्योगपति अजय कुमार सिंह उर्फ कारों सिंह के घर पs छापेमारी कइले बिया। ई छापेमारी नगर थाना क्षेत्र के विश्वनाथ नगर मोहल्ला में कइल जा रहल बा जेसे मोहल्ला में हड़कंप मच गइल बा। स्थानीय लोगन के कहनाम बा कि ईडी आ इनकम टैक्स के अधिकारी तकरीबन 6:00 बजे सबेरही से पहुंचल बा लो। एह संबंध में अधिकारी अभी कुछओ बतावे से इंकार कर रहल बा लो। एह दौरान दुनो तरफ से पुलिस घेराबंदी कs देले बिया।

के हs अजय सिंह उर्फ कारू सिंह 

अजय सिंह उर्फ कारू सिंह मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के करीबी मंत्री विजय चौधरी के साला हवे जिनका आवास पs ईडी आ इनकम टैक्स छापेमारी कइले बा। स्थानीय लोगन के कहनाम बा कि एकरा संगे बिल्डर कारू सिंह के जदयू के राष्ट्रीय अध्यक्ष ललन सिंह से करीबी बा। ईडी आ इनकम टैक्स के टीम 7 गो गाड़ियन से छापेमारी करे पहुंचल बाड़ी सs। बतावल जा रहल बा कि इनका एगो आउर ठिकाना पs छापेमारी चल रहल बा।

साभार: अमर उजाला

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]