earthquake:फेर हिलल ताइवान के धरती, 6.1 तीव्रता के साथे आइल भूकंप

Share

 

ताइवान में एक बेर फेरु से भूकंप के झटका महसूस भइल बा. एकर तीव्रता रिक्टर पैमाना पर 6.1 मैग्नीट्यूड पs नापल गइल बा। ताइवान में एह महीना आइल ई दुसरका बड़हन भूकंप बा. एकरा से पहिले महीना के शुरुआत में इहाँ 7.1 तीव्रता के भूकंप आईल रहे, जवना में 17 लोग के जान गईल रहे।

मौसम विभाग के मुताबिक भूकंप के केन्द्र देश के पूर्वी भाग में रहे। शनिचर के दिने आइल ई भूकंप हाउलिन के हिला दिहलस। ताइवान के राजधानी ताइपे में भी इमारतन के हिलत देखल गइल। भूकंप के केन्द्र धरती के सतह से 24.9 किलोमीटर गहरा रहे। शुरू में कवनो तरह के जान-माल के नुकसान के खबर ना आवेला।

ताइवान में एक महीना के भीतर हजार से अधिका भूकंप महसूस भइल बा. एs महीना के शुरुआत में इहाँ 7.1 तीव्रता के तेज भूकंप आईल रहे, जवना में 17 लोग के जान गईल रहे। तब से ताइवान के धरती लगातार हिलत रहल बा।

 

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-