[the_ad_group id="30365"]

मालदीव में MDH-एवरेस्ट मसालन के बिक्री पs रोक : कीटनाशक होखे के आरोप, हॉन्गकॉन्ग-सिंगापुर में बैन; भारत आ अमेरिका में चल रही जांच

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

हॉन्गकॉन्ग आ सिंगापुर के बाद मालदीव अपना इहां एवरेस्ट आ MDH मसालन के बिक्री पs रोक लगा देले बा। मालदीव के फूड एंड ड्रग अथॉरिटी (MFDA) कहलस कि भारत में बने वाला मसालन के दुगो ब्रांड्स में एथिलीन ऑक्साइड पावल गइल बा।

न्यूज एजेंसी अधाधू एह बात के जानकारी देले बा। रिपोर्ट के मोताबिक, मालदीव सरकार अभी तक एह मसालन से होखे वाला जोखिम के मूल्यांकन करत रहे। MFDA कहलस कि एह ब्रांड्स के मसाला मालदीव में बड़ मात्रा में इंपोर्ट आ यूज कइल जात बा।

हॉन्गकॉन्ग आ सिंगापुर में सेल पs रोक

एह महीना के सुरुआत में हॉन्गकॉन्ग आ सिंगापुर के सरकार MDH आ एवरेस्ट मसालन में ‘कीटनाशक’ बनावे वाला केमिकल होखे के आरोप लगाके मद्रास करी पाउडर, एवरेस्ट फिश करी मसाला, MDH सांभर मसाला मिक्स आ MDH करी पाउडर मिक्स मसालन के बिक्री पs बैन लगा देले रहे।

भारत आ अमेरिका में जांच कs रहल बाड़ी सs एजेंसी

रिपोर्ट्स अइला के बाद भारत सरकार एकरा प्रोडक्ट्स के जांच सुरू कs देले बिया। ओहिजा, अमेरिकी फूड एंड ड्रग एडमिनिस्ट्रेशन (FDA) कंपनी के मसालन के जांच कs रहल बा। FDA के प्रवक्ता रॉयटर्स के बतवलें, ‘FDA के एह रिपोर्ट्स के जानकारी बा आ ऊ इस्थिति के बारे में अतिरिक्त जानकारी जुटा रहल बा।’

MDH आरोपन के खारिज कइलस, कहलस- प्रोडक्ट्स सेफ

ओइसे, सनीचर के MDH अपना प्रोडक्ट्स में ‘कीटनाशक’ होखे के आरोपन के खारिज करत कहलें कि ई दावा झूठ आ निराधार बा आ एकर कवनो ठोस सबूत नइखे। MDH कहलस, ‘हमनी प्रोडक्ट्स में एथिलीन ऑक्साइड होखला के आरोप सही नइखे। एकरा अलावे, कंपनी के सिंगापुर भा हॉन्गकॉन्ग के रेगुलेटरी अधिकारियन के ओर से कवनो मैसेज नइखे मिलल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]