Earthquake: तुर्की में 7.8 तीव्रता के भूकंप से एक हजार से ज्यादा लोगन के मौत खबर, सैकड़न गो लोग अबहियों बाड़े फंसल
भूकंप के झटका अतना तेज रहे कि कई गो इमारतन के नुकसान पहुंचले के खबर आईल बा । संयुक्त राज्य भूवैज्ञानिक सर्वेक्षण के अगर बात के मानल जाए तs भूकंप के वजह से हज़ार गो से बेसी लोगन के हताहत होखे के आशंका बा।
जानकारी के मुताबिक, तुर्की आ सीरिया में कम से कम 2300 लोग मारल गइल बाड़े आ करीब 5000 से जादा लोग घायल भइल बा। देश के उपराष्ट्रपति फिएट ओकटे के हवाला देत बतवले आ रिपोर्ट में बतावल गइल बा कि 10 शहरन में 1,700 से बेसी इमारत क्षतिग्रस्त हो गईंल बाड़ी सs। ओहिजे, सीरिया में कम से कम 783 लोग मारल गइल बाड़े आ 639 लोग घायल हो गइले। इस्राइल आ लेबनानो में कई गो मौतन के आशंका जतवाल जा रहल बा
Comments are closed.