[the_ad_group id="30365"]

यूपी के बड़ खबर:रोडवेज बसन के बढ़ल किराया भाड़ा, अब प्रति किलोमीटर 1.30 रुपए देबे के होई

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

यूपी के लोगन खातिर एगो बड़ खबर निकल के आ रहल बा। परिवहन निगम  रोडवेज के बसन के किराया भाड़ा में 25 पईसा के बढ़ोतरी कईले बा। एह बढ़ोतरी के बाद से साधारण बस के किराया एक रुपया 30 पईसा प्रति किमी प्रति व्यक्ति के हिसाब से होई।

यूपी रोडवेज के किराया में भईल बढ़ोतरी, फोटो:सोशल मीडिया

नएका दर सोमवार रात 12 बजे के बाद से लागू हो जाई । राज्य परिवहन प्राधिकरण के अध्यक्ष एल वेंकटेश्वर लू  सोमार के एकरा से जुड़ल आदेश जारी कइले। लगभग एक हफ्ता पहिले राज्‍य परिवहन निगम प्राधिकरण के बईठक में एह  प्रस्‍ताव पs मुहर लागल रहे।

राज्य परिवहन निगम आपन रख रखाव आ यात्री सुविधा के हवाला देत ई किराया भाड़ा में बढ़ोतरी तs कई देले बा बाकिर जे तरे के बदइंतजामी यूपी रोडवेज में बा उ कब सुधरी ई लाख टका के सवाल बा। राज्य परिवहन निगम केतना यात्री सुविधा में बदलाव आ आरामदायक सफ़र आम जन खातिर बनावात ई देखे वाली बात होई।

एहिजा ई बता दिहल जरूरी बा कि बलिया विधान सभा से चुन के विधान सभा में पहुंचल दयाशंकर सिंह के परिवहन मंत्री बनला के बाद से ओह महकमा हड़कंप मचल रहे आ उनका औचक निरक्षण से बुझाईल रहे के यूपी के परिवहन के हालत बदली आ आमजन के बड़का हिस्सा के आवाजाही के सबसे बड़का साधन आपन बेहतरीन सुविधा आ आरामदायक सफ़र के वादा पूरा करी, बाकिर सुविधा तs ना मिलल बलुक आमजन के जेब पs बोझ बढ़s गईल।

यूपी रोडवेज के बसन हालत,फोटो साभार:सोशल मीडिया

 

किराया भाड़ा में  एह बढ़ोतरी के बाद साधरण बस सेवा के किराया प्रति यात्री प्रति किलोमीटर -1.30 रुपया होई, जनरथ 3X2 के किराया-1.63 रुपया, जनरथ 2×2 के नया किराया- 1.93 रुपया प्रति किलोमीटर, एसी स्‍लीपर के किराया- 2.58 रुपया प्रति किलोमीटर, हाई एंड वॉल्‍वो/स्‍कैनिया के किराया- 2.86 रुपया प्रति किलोमीटर होई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]