पाठ्यक्रम में सामिल कइल जाये ड्रग्स के प्रति जागरूकता विषय, संसदीय स्थायी समिति सदन में पेश कइलस रिपोर्ट

Share

संसदीय स्थायी समिति चिंता जतावत स्कूल-कालेजन के पाठ्यक्रम में नशीली दवाईयन के लत, एकर परिणामन आ नशामुक्ति उपायन पs अध्याय सुरू करे के आवश्यकता पs जोर देलस।

संसदीय स्थायी समिति पेश कइलस रिपोर्ट

संसदीय स्थायी समिति ‘युवाओं में नशे की लत-समस्या और समाधान’ विषय पs बियफे के लोकसभा में आपन रिपोर्ट पेश करत कहलस कि ई पहल देसभर में नशीली दवाईयन के मांग में कमी आ पुनर्वास उपायन के मजबूत करे के प्रयासन खातिर जरूरी बा।

छात्रन खातिर उपलब्ध होखे उचित परामर्श

भाजपा सांसद रमा देवी के अध्यक्षता वाली समिति कहलस कि शिक्षा पाठ्यक्रम में नशीली दवाइयन के लत, एकर प्रभाव आ नशामुक्ति पs अध्याय सामिल कइल जाव तs जागरूकता बढ़ावल जा सकत बा। स्कूल आ कॉलेज खातिर उचित परामर्श उपलब्ध होखे के चाहीं।

समिति देलस कइयन गो सुझाव

देस में नशीली दवा के तस्करी आ मादक द्रव्यन के सेवन के समस्यन के जवाब में समिति कइयन उपायन के प्रस्ताव सुझवले बिया। एकरा तहत मादक पदार्थन के तस्करी रोके खातिर बंदरगाहन, एयरपोर्ट आ सीमा पs उन्नत प्रौद्योगिकी आ निगरानी प्रणालियन के आवश्यक बतावल।

अलग-अलग हितधारकन के बीच बेहतर सहजोग आ समन्वय खातिर समिति 2016 में गृह मंत्रालय द्वारा बनावल गइल नारकोटिक्स समन्वय केंद्र के सर्वोच्च समिति के महत्व पs जोर देलस।

साभार: दैनिक जागरण

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-