[the_ad_group id="30365"]

Dr Manoj Soni: मनोज सोनी यूपीएससी के नयका चेयरमैन बनले, सबसे कम उम्र के कुलपति बनले के बना चुकल बाने रिकॉर्ड

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

डा. मनोज सोनी मंगल के दिने संघ लोक सेवा आयोग (यूपीएससी) के अध्यक्ष पद सम्हरले। आयोग के सबसे वरिष्ठ सदस्य स्मिता नागराज उनुका के शपथ दिवइली।

डॉ. सोनी के 2017 में आयोग के सदस्य नियुक्त कईल गईल रहे। तीन बेर कुलपति रहल डॉ. सोनी के नाम सबसे कम उमिर के कुलपति के रिकार्ड बा। ऊ अंतर्राष्ट्रीय संबंध आ राजनीति विज्ञान के विशेषज्ञ हउवें। सरदार पटेल विश्वविद्यालय से डॉक्टरेट के डिग्री लेले बाड़े।

डयूपीएससी में शामिल होखे से पहिले डॉ. सोनी अंतर्राष्ट्रीय संबंध अध्ययन में विशेषज्ञता के संगे राजनीति विज्ञान के पढ़ाई कईले अवुरी सरदार पटेल विश्वविद्यालय से ‘शीत युद्ध के बाद अंतर्राष्ट्रीय प्रणालीगत संक्रमण अवुरी भारत-अमेरिका संबंध’ में डॉक्टरेट के डिग्री हासिल कईले।

उ कुल तीन कार्यकाल तक बड़ौदा के एमएस विश्वविद्यालय के कुलपति (एक कार्यकाल) अवुरी दु कार्यकाल तक डॉ. बाबासाहेब अंबेडकर खुला विश्वविद्यालय, गुजरात के कुलपति के रूप में काम कईले। स्वतंत्र भारत में अब तक के सबसे कम उम्र के कुलपति रहल बाड़े। डॉ सोनी के कई गो मान्यता आ पुरस्कार मिलल बा आ उनुका खाते में महत्वपूर्ण प्रकाशन बा।

साभार-  अमर उजाला

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]