Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

सारण के ऑक्सीजन मैन दशरथ राय के डॉ. अनिल कुमार लेले गोद

475

छपरा। सारण के ऑक्सीजन मैन के नांव से मशहूर दशरथ राय के मदद खातिर लोग आगे आवे लागल बाड़े। शहर के मशहूर डॉक्टर सह लायंस क्लब के अध्यक्ष आ संजीवी नर्सिंग होम के निदेशक डॉ. अनिल कुमार सुधी लेबे खातिर घरे पहुंचले। घर पहुंचला के बाद इलाज भइल अउरी ओकरा बाद आर्थिक सहयोग के संगे-संगे दिवाली खातिर जरूरी सामग्री अवुरी सामग्री दिहल गइल।

डॉ. अनिल कुमार अपना अस्पताल में दशरथ राय के निशुल्क आजीवन इलाज आ भर्ती करावे के एलान कइलन। अइसन लोग के जिन्दा रहल बहुत जरूरी बा। समाज के बहुत कुछ मिलेला।

जदि समाज में दशरथ राय जइसन एक दू गो लोग होखस तऽ फायदेमंद होखी। पर्यावरण के बचावल जा सकेला आ लोग के जान बचावल जा सकेला। उऽ बतवले कि अखबार में पढ़ला के बाद उनका पता चलल कि समाज में अइसन लोग बाड़े जवन कि पर्यावरण के बचावे के काम ना करतारे बलुक प्रदूषण कम कऽ के जनता के जीवन आसान बनावत बाड़े।

अबहीं तक 35 हजार से ज्यादा पेड़ लगवले बाड़े

अबहीं ले 35 हजार से अधिका पेड़, पीपल, बनियान, पकड़ी आ नीम लगावले बाड़े। आपन साँस खातिर छटपटात दशरथ राय जी अपना जीवन के कई साल पेड़ लगावे में बितवले ताकि लोग के शुद्ध ऑक्सीजन मिल सके, बाकिर आज जब उनका खुद चिकित्सा खातिर ऑक्सीजन के जरूरत बा तऽ उनुकर आर्थिक हालत उनका के जीवन से जूझत मजबूर कऽ देले बा।

अब तक सरकार से खाली इज्जत मिलल बा, कवनो मदद ना।

दशरथ राय हफ्ता में पांच दिन मेहनत कऽ के परिवार के भरण पोषण करेले। एकरा संगे-संगे उऽ समाज में अतना बड़ योगदान देले। बड़हन पैमाना पऽ पौधा लगवलें। पर्यावरण के बचावे खातिर उठावल गइल सराहनीय कदम उठवलें।

इनका अनोखा योगदान खातिर बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार, पटना हाईकोर्ट के मुख्य न्यायाधीश, जिलाधिकारी आ विभिन्न सामाजिक संगठन द्वारा सम्मानित कइल गइल।

अपना मेहनत आ लगन के चलते आज हजारन पेड़-पौधा शुद्ध हवा दे रहल बाड़े, बाकिर विडंबना इ बा कि ए पर्यावरण प्रेमी के अब अपना जान बचावे खाती आर्थिक मदद के बहुत जरूरत बा।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.