सेंट्रल डेस्क। अमेरिका के राष्ट्रपति डोनाल्ड ट्रंप पहिले वेनेजुएला पs सैन्य कार्रवाई कs के उहां के राष्ट्रपति निकोलस मादुरो के गिरफ्तारी के बाद पूरी दुनिया में हलचल मचा देलें। अब वेनेजुएला से जुड़ल एगो आउर पोस्ट कs के ट्रंप नया सनसनी फइला देलें।
ट्रंप अपना ट्रुथ सोशल अकाउंट पs एगो पोस्ट साझा कइलें बाड़ें, जवना में ऊ खुद के वेनेजुएला के कार्यवाहक राष्ट्रपति घोषित कइले बाड़ें। एह पोस्ट के संगे ऊ एगाे तस्वीर साझा कइलें बाड़ें।
खुद के ‘वेनेजुएला के कार्यवाहक राष्ट्रपति’ बतवलें ट्रंप
डोनाल्ड ट्रंप ट्रुथ सोशल पs एगो तस्वीर पोस्ट कइलें बाड़ें, जवना में ऊ खुद के “वेनेजुएला के कार्यवाहक राष्ट्रपति” बतावत नजर आवत बाड़ें। साझा कइल गइल ई तस्वीर डिजिटल तरीका से एडिट कइल बतावल जा रहल बा, जवना में हाल के वेनेजुएला घटनाक्रम के बाद ट्रंप के कार्यवाहक राष्ट्रपति के रूप में देखावल गइल बा।
ई तस्वीर ओह समय साझा भइल बा, जब ट्रंप लगातार वेनेजुएला के तेल भंडार के मुद्दा पs तेल कंपनियन से बैठक करत बाड़ें आ ईरान आउर ग्रीनलैंड के मुद्दा पs धमकी भरल बयान दे रहल बाड़ें।

वेनेजुएला पs अमेरिका के शासन?
एगो संपादित विकिपीडिया तस्वीर में डोनाल्ड ट्रंप के जनवरी 2026 तक वेनेजुएला के मवजूदा राष्ट्रपति के रूप में देखावल गइल बा। ट्रंप के दावा बा कि निकोलस मादुरो के गिरफ्तारी के बाद जब तक सुरक्षित, सही आ विवेकपूर्ण तरीका से सत्ता हस्तांतरण ना हो जाई, तब तक अमेरिका वेनेजुएला सरकार के संचालन करी।
तेल कंपनियन के ट्रंप के दो टूक
हाले में डोनाल्ड ट्रंप व्हाइट हाउस में दुनिया के दिग्गज तेल-गैस कंपनियन के शीर्ष अधिकारियन से मुलाकात कइले रहलें। एह बैठक में ट्रंप साफ कह देलें कि अब वेनेजुएला में निवेश सीधा अमेरिका के संगे होई, ना कि वेनेजुएला सरकार के संगे।
ट्रंप तेल कंपनियन के सुरक्षा के गारंटी देत बड़ निवेश करे के खुला न्योता देलें। संगही इहो कहलें कि जदि अमेरिका समय रहते कार्रवाई ना कइले रहित, तs चीन भा रूस वेनेजुएला में आपन मजबूत पकड़ बना लेले रहित।
अमेरिका वेनेजुएला में का चाहत बा?
अमेरिका चाहत बा कि ओकर तेल कंपनी वेनेजुएला में भारी निवेश करs सs। तेल उत्पादन आ बुनियादी ढांचा के दोबारा मजबूत कइल जावs। संगे-संगे वेनेजुएला के तेल के वैश्विक बिक्री पs अमेरिका के पकड़ बनल रहे। ट्रंप प्रशासन एह डेग के आर्थिक पुनर्निर्माण के रास्ता बतावत बा।
Read Also: ISRO PSLV-C62 Mission : ‘अन्वेषा’ GFR 16 सैटेलाइट अंतरिक्ष में भेजल गइल- जानीं मकसद







