Makar Sankranti Holiday : यूपी के स्कूल आ ऑफिस में अब मकर संक्रांति के एह दिन रही छुट्टी; सार्वजनिक अवकाश घोषित… आदेस 

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 12, 2026

लखनऊ। यूपी में मकर संक्रांति माने 15 जनवरी के दिन सार्वजनिक अवकाश घोषित कइल गइल बा। एकरा के लेके शासन के तरफ से आधिकारिक आदेस जारी कs दिहल गइल बा। जारी आदेस में बतावल गइल

Share

Yogi Adityanath reviewing SIR and giving instructions for fair voting in Uttar Pradesh

लखनऊ। यूपी में मकर संक्रांति माने 15 जनवरी के दिन सार्वजनिक अवकाश घोषित कइल गइल बा। एकरा के लेके शासन के तरफ से आधिकारिक आदेस जारी कs दिहल गइल बा। जारी आदेस में बतावल गइल बा कि शासन स्तर पs विचार-विमर्श के बाद मकर संक्रांति पs छुट्टी देवे के फैसला लिहल गइल बा। दरअसल, एकरा पहिले जारी प्रदेश के अवकाश तालिका में एह दिन छुट्टी के प्रावधान ना रहे।

बता दीं कि फिलहाल परिषदीय स्कूलन में शीतकालीन छुट्टी चल रहल बा। 1 जनवरी से 14 जनवरी तक प्रदेश के सब परिषदीय स्कूलन में शीतकालीन अवकाश घोषित रहे। 15 जनवरी से स्कूल खुले के योजना रहे, बाकिर अब नया आदेस आ गइला से स्कूलन के छुट्टी 15 जनवरी तक बढ़ा दिहल गइल बा।

मकर संक्रांति पs सार्वजनिक अवकाश घोषित भइला के चलते स्कूलन के संगे-संगे सब सरकारी ऑफिस आ दफ्तरो बंद रही। एह दिन सरकारी कामकाज पूरी तरे से ठप रही आ लोगन के परब मनावे के पूरा मौका मिली।

Read Also: ISRO PSLV-C62 Mission : ‘अन्वेषा’ GFR 16 सैटेलाइट अंतरिक्ष में भेजल गइल- जानीं मकसद 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.