Dhurandhar 2 Collection : दुनियाभर में ‘धुरंधर 2’ के धांसू कमाई, रणवीर सिंह के स्पाई थ्रिलर मचवलस तहलका

Share

एंटरटेनमेंट डेस्क। रणवीर सिंह के फिलिम धुरंधर कमाई के ममिला में इतिहास रच रहल बा। अब बस दूगो फिलिम के रिकॉर्ड बाकी बा, जवन टूटतही ई फिलिम सबसे जादे कमाई करे वाली बन सकेले।

धुरंधर: द रिवेंज, जवन आदित्य धर के निरदेसन में बनल बा, धुरंधर सीरीज के दूसरका भाग हs। पहिला पार्ट दुनियाभर में 1300 करोड़ से जादे कमाई कइले रहे, बाकिर धुरंधर 2 अब ओह रिकॉर्ड के पार कs चुकल बा।

बिदेसो में जबरदस्त कमाई

धुरंधर 2 अब तक 1400 करोड़ से ऊपर कमाई कs लेले बा। नॉन-वीकेंड में फिलिम जबरदस्त कमाई करत बा। 14 दिन में ई फिलिम दुनियाभर में 1466 करोड़ से जादे के बिजनेस कs चुकल बा। अकेले ओवरसीज में फिलिम करीब 365 करोड़ रुपिया कमा लेले बा।

भारत में तगड़ा प्रदर्शन

भारत में फिलिम के जलवा कम नइखे। 14 दिन में घरेलू बॉक्स ऑफिस पs 1101.47 करोड़ रुपिया के ग्रॉस कलेक्शन हो चुकल बा, जबकि नेट कलेक्शन करीब 920 करोड़ रुपिया बतावल जा रहल बा।

अभी एह फिलिम से पीछे बा

धुरंधर 2 अभी दुनिया के सबसे जादे कमाई करे वाली तीसरका भारतीय फिलिम बन गइल बा। सबसे ऊपर दंगल (करीब 2000 करोड़) आ दूसरका नंबर पs पुष्पा 2: द रूल (करीब 1700 करोड़) बा। अब देखे के बा कि धुरंधर 2 एह रिकॉर्ड के तोड़ पावेला कि ना।

का बा कहानी?

फिलिम के कहानी जसकीरत सिंह रांगी पs आधारित बा, जवन हमजा बन के एक खतरनाक मिशन पs जाला आ दुश्मन आतंकी संगठन के खात्मा करेला। फिलिम में संजस दत्त, अर्जुन रामपाल, आर माधवन, राकेश बेदी आ सारा अर्जुन अहम भूमिका में बा लोग।

Read Also: Supreme Court : ‘ई ममता सरकार के नाकामी बा’, बंगाल में SIR काम में लागल अधिकारी के बंधक बनावे पs सुप्रीम कोर्ट भड़कल

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
 
- Sponsored Ads-