Gorakhpur Rapti River Incident : गोरखपुर में राप्ती नदी में नहात घरी चार गो लईका डूबले सs, SDRF के खोज अभियान जारी

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 2, 2026

गोरखपुर। राप्ती नदी में नहाये गइल चार किशोर डूब गइलें सs, जबकि ओकनी के संगे गइल एगाे आउर किशोर कवनो तरे बच के घरे पहुंच गइल। ई दर्दनाक घटना खोराबार थाना क्षेत्र के मिर्जापुर गांव

Share

गोरखपुर। राप्ती नदी में नहाये गइल चार किशोर डूब गइलें सs, जबकि ओकनी के संगे गइल एगाे आउर किशोर कवनो तरे बच के घरे पहुंच गइल। ई दर्दनाक घटना खोराबार थाना क्षेत्र के मिर्जापुर गांव के लगे पीपा पुल के पास सांझ के करीब चार बजे भइल।

मवका पs पहुंचल पुलिस के नदी किनारे चार गो साइकिल आ चार जोड़ी चप्पल मिलल, जवना से अनहोनी के आशंका बढ़ गइल। बच के घर पहुंचल किशोर पूरा घटना के जानकारी देत बतवलस कि ओकर चारो साथी पानी में डूब गइल बाड़ें सs।

घटना के खबर मिलतही इलाका में हड़कंप मच गइल। परिजनन के रो-रो के बुरा हाल बा। सूचना मिलतही जिलाधिकारी दीपक मीणा आ वरिष्ठ पुलिस अधीक्षक डॉ. कौस्तुभ मवका पs पहुंच के पूरा हालात के जायजा लिहल लोग।

SDRF टीम आ स्थानीय गोताखोर मिल के नदी में लगातार सर्च ऑपरेशन चला रहल बा, ताकि डूबल किशोरन के खोज कइल जा सके।

बतावल जा रहल बा कि रानीडीहा के बीरू राजभर, अनिकेत यादव, राजकरन उर्फ टाइमपास, मालवीय नगर के विवेक निषाद आ जंगल सिकरी के गगन पासवान बुध के चार गो साइकिल से घर से निकलल रहे लोग। सब किशोर मिर्जापुर गांव के पीपा पुल लगे राप्ती नदी में नहाये पहुंचल।

नहाये के दौरान सब बारी-बारी से पुल से नदी में कूदत रहलें सs, बाकिर अचानक सब गहिराह पानी में चल गइलें सs आ डूबे लगलें सs। एह दौरान राजकरन कवनो तरे बाहर निकल के जान बचा लेलस आ डर के मारे सीधा घर भाग गइल।

देर सांझ तक जब बाकी किशोर घरे ना पहुंचलें सs परिजन खोज सुरू कइलें। एही बीच गांव के लोग पुलिस के सूचना देलस कि नदी में चार किशोर डूब गइल बाड़ें सs। पुलिस जब मवका पs पहुंचल तs साइकिल, कपड़ा, चप्पल आ एगो मोबाइल फोन बरामद भइल।

पुलिस अब स्थानीय गोताखोरन के मदद से खोजबीन तेज कइले बिया। जिला प्रशासन सर्च ऑपरेशन तेज करे के निरदेस दे चुकल बा।

Read Also: Dhurandhar 2 Collection : दुनियाभर में ‘धुरंधर 2’ के धांसू कमाई, रणवीर सिंह के स्पाई थ्रिलर मचवलस तहलका

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.