स्पोर्ट्स डेस्क : आईपीएल 2025 के तीसरका मैच में चेन्नई सुपर किंग्स मुंबई इंडियंस के चार विकेट से हरा देलें। चेपॉक में खेलल गइल मुकाबला में 156 रन के लक्ष्य के सीएसके 19.1 ओवर में छव विकेट गंवाके हासिल कs लेलें। हालांकि, एगो वक्त अइसन आइल रहे, जब चेन्नई के टीम परेसानी में दिखत रहे। टीम के परेसानी के सबसे बड़ कारण मुंबई के उभरत स्पिनर विग्नेश पुथुर रहस।
ई रिस्ट स्पिनर चेन्नई के मध्यक्रम के तहस नहस कs देले रहस आ तीन विकेट झटक लेले रहस, बाकिर आखिरी के ओवरन में रचिन रवींद्र आ रवींद्र जडेजा के रन के बदौलत सीएसके जीते में कामयाब रहल। मैच के बाद महेंद्र सिंह धोनी 24 साल के विग्नेश के बधाई देलें आ उनकर पीठ थपथपवलें आ शाबशी देलें। एकर वीडियो सामने आइल रहे।
दरअसल, सीएसके के 11 के स्कोर पs राहुल त्रिपाठी के रूप में पहिला झटका लागल रहे। एकरा बाद कप्तान ऋतुराज गायकवाड़ ताबड़तोड़ पारी खेललें आ चेन्नई के ठीक इस्थिति में पहुंचा देलस। आठवां ओवर में मुंबई के कप्तान सूर्यकुमार यादव विग्नेस पुथुर के गेंदबाजी पs लगवलें। एही ओवर में ऋतुराज आउट हो गइलें। ऊ 26 गेना में छव चौका आ तीन छक्का के मदद से 53 रन के पारी खेलले। एकरा बाद पारी के 10वां ओवर में विग्नेस शिवम दुबे (9) आ 12वां ओवर में दीपक हुड्डा (3) के पवेलियन भेजलें।
एकरा कुछे देर बाद सैम करन (4) पवेलियन लवट गइलें। विग्नेस के अगुआई में मुंबई के स्पिनर्स के बेहतरीन गेंदबाजी से चेन्नई के टीम दबाव में आ गइल रहे। हालांकि, आखिर में रचिन आ जडेजा के बीच 36 रन के साझेदारी सीएसके के मुश्किलन से निकलले।
सूर्यकुमार विग्नेस से तीन ओवर करवला के बाद उनका से गेंदबाजी से हटा लेले रहस। एकरा बाद उनका के 18वां ओवर में गेंदबाजी दिहल गइल रहे आ एह ओवर में रचिन दुगो छक्का लगवलें। जब विग्नेस के लगे मोमेंटम रहे तs उनका के गेंदबाजी से हटावे के लेके फैंस सूर्यकुमार के आलोचना कs रहल बा लो। ओह लोगन के माने के बा कि जदि उनका के के गेंदबाजी करे दिहल जाइत तs हो सकत रहे कि ऊ एगो आउर विकेट ले लेते, गेंदबाजी से हटावे से उनकर लय ब्रेक भइल।
कमेंट्री कs रहल आकाश चोपड़ा, वीरेंद्र सहवाग आ हरभजन सिंह सूर्यकुमार के एह रणनीति के आलोचना कइलें। हालांकि, एकरा बादो विग्नेस चार ओवर में 32 रन देके तीन विकेट लेले। एमे से 15 रन उनकर आखिरी ओवर में पड़ल रहे। धोनी एह नवहा स्पिनर के प्रदर्शन से खुस लउकले आ जीत के बाद पवेलियन लवटत घरी ऊ विग्नेस के शाबाशी देलें। एह दौरान विग्नेस उनका कान में कुछ कहले।
एकरा पहिले अफगानिस्तान के मिस्ट्री स्पिनर नूर अहमद (18 रन देके चार विकेट) के सानदार प्रदर्शन से चेन्नई के टीम मुंबई के 20 ओवर में नव विकेट पs 155 रन पs रोके में कामयाब रहल रहस। तिलक वर्मा सबसे जादे 31 रन बनवलें, जबकि कप्तान सूर्यकुमार यादव 29 रन आ दीपक चाहर 28 रन (नाबाद) के पारी खेलले। रोहित शर्मा खाता तक ना खोल सकलें। सीएसके के ओर से नूर के अलावा खलील अहमद तीन विकेट लेलें, जबकि नाथन एलिस आ अश्विन के एक-एक विकेट मिलल।
जवाब में रचिन रवींद्र के बेहतरीन नाबाद अर्धशतक आ ऋतुराज के कप्तानी पारी से चेन्नई के टीम जीते में कामयाब रहल। रचिन 45 गेना में दु चौका बा चार छक्का के मदद से 65 रन बनाके नाबाद रहलें। जडेजा 17 रन बनवलें। धोनी नाबाद रहलें आ दु गेना खेलले, बाकिर खाता ना खोल सकलें। चेन्नई के अगिला मुकाबला 28 मार्च के चेपॉक में आरसीबी से होई, जबकि मुंबई के टीम 29 मार्च के गुजरात टाइटंस से अहमदाबाद में भिड़ी।